[the_ad_group id="30365"]

Rajasthan News: मुख्यमंत्री भजनलाल के मिलल जान से मारे के धमकी, दौसा के श्यालावास जेल से आइल रहे कॉल

Rajasthan News: मुख्यमंत्री भजनलाल के मिलल जान से मारे के धमकी, दौसा के श्यालावास जेल से आइल रहे कॉल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री भजनलाल शर्मा के दूसरका बार जान से मारे के धमकी मिलल बा। दौसा के श्यालावास जेल में बंद कैदी देर रात दु बजे जयपुर पुलिस कंट्रोल रूम में फोन कs के सीएम के मारे के धमकी देलें।

आईजी जयपुर रेंज अनिल टांक जानकारी देत बतवलें कि रात के एगो फोन जयपुर पुलिस कंट्रोल रूम के लगे आइल रहे, एमे फोन करे वाला पुलिसकर्मियन से कहलस कि ऊ सीएम के मार दी। पुलिस जब कॉल के आधार पs लोकेशन निकललस तs ऊ दौसा जेल के निकलल। एह पs रातही के दौसा पुलिस आ जयपुर पुलिस के टीम सर्च कइलस आ दार्जिलिंग निवासी एगो आरोपी के डिटेन कइलस। इहां विशिष्ट केंद्रीय कारागृह में पुलिस के 9 गो आउर मोबाइल मिलल बा। आरोपी जुवक फोन पs धमकी देला के बात सकार लेले बा। अब पुलिस जेल में कैदी से पूछताछ कs रहल बिया।

सुरुआती पूछताछ में कैदी बतवलस कि कवनो दवा के कइला के बाद ओकरा होश ना रहेला, एह दवा के खइला के बाद ऊ फोन कइले रहे, हालांकि पुलिस ओकरा जवाबन से संतुष्ट ना रहे, एहिसे ओकरा से फेर से पूछताछ कइल जाई।

ओने, दौसा एसपी रंजीता शर्मा के कहनाम बा कि जेल से 10 मोबाइल बरामद कइल गइल बा। दौसा पुलिस ममिला के जांच में जुटल बिया, बाकिर बड़ा सवाल ई बा कि आखिर जेल में एतना बड़ मात्रा में मोबाइल पहुंचल कइसे?

6 महीना पहिले जेल से मिलल रहे धमकी

लगभग छव महीना पहिलहूं मुख्यमंत्री के एही तरे के धमकी मिलल रहे, जेमे जयपुर के सेंट्रल जेल में 5 साल से बंद पॉक्सो एक्ट के बंदी कंट्रोल रूम में फोन कs के सीएम के गोली मारे के धमकी देले रहे आ फेर मोबाइल स्विच ऑफ कs लिहल गइल। एकरा बाद पुलिस टीम तुरंत तकनीकी आधार पs जांच सुरू कइलस आ धमकी देवे वाला आरोपी के पहचान कs लेले रहे।

Read Also: Pritam: संगीतकार प्रीतम का ऑफिस बॉय गिरफ्तार, चोरी की 95 फीसदी रकम बरामद; जानिए पूरा मामला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]