Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

7 साल पुरान केस में AAP के 2 विधायक अखिलेशपति त्रिपाठी आ संजीव झा दोषी करार, 21 के होई सजा के एलान

दिल्ली के एगो अदालत आम आदमी पार्टी (आप) के दु विधायकन के 20 फरवरी 2015 में पुलिस कर्मियन के साथे बदसलूकी करे आ भीड़ के हिस्सा होखला के ममिला में सोमार के दोषी करार देले बा।

408

दिल्ली के एगो अदालत 7 साल पुरान एगो ममिला में आम आदमी पार्टी (आप) के दु विधायकन के आज दोषी करार देले बा। एकरा संगही अदालत 5 आउर लोगन के दोषी ठहरवले बा। कोर्ट एह ममिला में 21 सितंबर के सजा का ऐलान करी।

जानकारी के मोताबिक, दिल्ली के राउज एवेन्यू कोर्ट सोमार के आम आदमी पार्टी (आप) के दु विधायकन के 20 फरवरी 2015 के पुलिस कर्मियन के साथे बदसलूकी करे आ भीड़ के हिस्सा होखला के ममिला में दोषी करार देलस। ‘आप’ के दुनो विधायक अखिलेश पति त्रिपाठी आ संजीव झा एगो प्रदर्शन में शामिल भइल रहे लो। एकरा संगही अदालत 5 आउर लोगन के दोषी ठहरवले बा।।कोर्ट एह ममिला में 21 सितंबर के सजा के ऐलान करी।

बता दीं कि, अखिलेश पति त्रिपाठी मॉडल टाउन सीट से विधायक बाड़े, जबकि संजीव झा बुराड़ी विधानसभा सीट से विधायक बाड़े।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.