समर स्पेशल: गोरखपुर रेलवे स्टेशन से होके गुजरी दुगो ट्रेन, यात्रियन के मिली राहत
ट्रेनन में हो रहल अतिरिक्त भीड़ के देखते रेलवे सहरसा-सरहिन्द-सहरसा आ दरभंगा-अमृतसर-दरभंगा समर स्पेशल ट्रेनन के चलावे के घोषणा कइले बा। अलग-अलग तारीख में चले वाली एह ट्रेनन से यात्रियन के राहत मिली।
सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह बतवलें कि सरहिंद सहरसा 19 आ 26 जून आ सहरसा-सरहिन्द ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी 24 जून के चली। सहरसा से सांझ 07:30 बजे ई ट्रेन चली। गोरखपुर से सबेरे 07:45 बजे रवाना होई आ तीसरका दिन दुपहरिया 12:05 बजे सरहिन्द पहुंची। वापसी में ई ट्रेन सरहिन्द से रात में 02:00 बजे छूटी।
दरभंगा-अमृतसर-दरभंगा ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी वाया गोरखपुर के संचालन दरभंगा से 24 जून के आ अमृतसर से 19 आउर 26 जून के कइल जाई। दरभंगा-अमृतसर ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी 24 जून के रात में 03:25 बजे गोरखपुर से छूटी।