[the_ad_group id="30365"]

J&K Assembly Election : रक्षाबंधन के बाद जम्मू कश्मीर में चुनाव के एलान संभव, पांच चरण में होखे के उम्मेद 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू-कश्मीर में अनुच्छेद 370 हटला के बाद पहिला बेर विधानसभा चुनाव के लेके प्रशासनिक तइयारी तज हो गइल बा। रक्षाबंधन के बाद चुनाव के एलान हो सकत बा। प्रस्तावित विधानसभा चुनाव पांच चरणन में करावे के योजना बा। 24 जून से प्रदेश के मास्टर ट्रेनर के तीन दिन के प्रशिक्षण नई दिल्ली में आयोजित बा।

जम्मू-कश्मीर में नवंबर-दिसंबर 2014 में विधानसभा चुनाव भइल रहे। एकरा बाद 2015 में पीडीपी-भाजपा गठबंधन के सरकार बनल रहे, बाकिर जून 2018 में भाजपा के समर्थन वापस ले लेला से सरकार गिर गइल रहे। तबसे जम्मू-कश्मीर में निर्वाचित सरकार नइखे।

सूत्र लोग बतावल कि राज्य स्तरीय मास्टर ट्रेनर के दिल्ली में तीन के प्रशिक्षण 24 से 26 जून तक दिहल जाई। चुनाव आयोग के अधिकारी आ राष्ट्रीय मास्टर ट्रेनर प्रशिक्षण दी  लो। एमे लगभग 25 मास्टर ट्रेनर सामिल होई लो। एह लोगन के सारा चुनावी प्रक्रिया के बारे में जानकारी दिहल जाई।

हालांकि, लोकसभा चुनाव से पहिलहू एह लोगन के प्रशिक्षित कइल गइल रहे। ओहिजा, सूत्रन के कहनाम बा कि रक्षाबंधन के तत्काल बाद चुनाव के अधिसूचना जारी हो सकत बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]