CG Naxal Encounter: सुकमा के जंगलन में 16 नक्सली ढेर, दु जवान भइलें घायल; मुठभेड़ जारी

Anurag Ranjan

सेंट्रल डेस्क: छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला में सनीचर के सबेरे सुरक्षाकर्मियन आ नक्सलियन के बीच मुठभेड़ भइल बा। मुठभेड़ में अभी ले 16 नक्सली मारल गइल बा लो। इंसास आ SLR सहित बड़ मात्रा में हथियार बरामद भइल बा। मरे वाला नक्सलियन के संख्या बढ़ सकत बा।

बस्तर आईजी सुंदरराज पी अपडेट देत बतवलें कि 16 नक्सलियन के शव बरामद कइल गइल बा। दु जवानन के मामूली चोट आइल बा। खबर बा कि एह मुठभेड़ में डीवीसीएम जगदीश ढेर हो गइल बा। ओहिजा, दूसरका तरफ एकरा पहिले एसपी सुकमा किरण चव्हाण बतवलें कि सुकमा-दंतेवाड़ा सीमा पs उपमपल्ली केरलापाल इलाका के जंगल में सुरक्षाबलन के संगे मुठभेड़ में 15 नक्सली मारल गइलें। मुठभेड़ अभियो जारी बा।

मिलल जानकारी के माेताबिक, एगो अधिकारी कहलें कि मुठभेड़ केरलापाल थाना क्षेत्र के अंतर्गत एगो जंगल में भइल बा। मुठभेड़ ओह घरी भइल जब सुरक्षाबलन के एगो संयुक्त टीम नक्सल विरोधी अभियान पs निकलल रहे।

आगे बतवलें कि केरलापाल क्षेत्र में माओवादियन के मवजूदगी के सूचना के आधार पs सुक के रात के अभियान सुरू भइल। अभियान में जिला रिजर्व गार्ड (डीआरजी) आ केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) के जवान सामिल बा लो।

दु जवान घायल, अस्पताल में भरती

सुकमा पुलिस से मिलल जानकारी के मोताबिक, जिला सुकमा के थाना केरलाुपाल क्षेत्र में माओवादियन के उपस्थिति के सूचना पs 28 मार्च के जिला सुकमा डीआरजी आ सीआरपीएफ के संयुक्त पुलिस पार्टी नक्सल विरोधी सर्च अभियान में रवाना भइल। अभियान के दौरान आज सबेरे सुरक्षाबलन आ माओवादियन के बीच रूक-रूक के मुठभेड़ जारी बा।

मुठभेड़ स्थल आ आस-पास के क्षेत्रन के सुरक्षाबलल द्वारा सघन सर्चिंग जारी बा। जवान नक्सलियन के चारो तरफ से घेर रखले बा। मुठभेड़ में डीवीसीएम कैडर के नक्सली जगदीश के मारल गइला के खबर बा। हाले में 25 लाख के नक्सली सुधाकर के मार गिरावल गइल रहे। मुठभेड़ में दुगो जवान घायल भइल बा लो, जेकरा के सुकुमा के स्थानीय अस्पताल में ले आवल गइल बा।

Read Also: Surya Grahan 2025: सूर्य ग्रहण आज, जानीं कवना राशि वालन के होई लाभ आ केकर बढ़ी मुश्किल

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment