म्यांमार में तबाही के बीच भारत बढ़वलस मदद के हाथ, भेजलस 15 टन राहत सामग्री

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 29, 2025

बियफे के दिने म्यांमार में आइल तेज भूकंप से भारी नुकसान भइल बा. अइसना में भारत 15 टन राहत सामग्री म्यांमार के सहायता के रूप में भेजले बा। सूत्र बतवले कि इs राहत सामग्री भारतीय

Share

बियफे के दिने म्यांमार में आइल तेज भूकंप से भारी नुकसान भइल बा. अइसना में भारत 15 टन राहत सामग्री म्यांमार के सहायता के रूप में भेजले बा। सूत्र बतवले कि इs राहत सामग्री भारतीय वायुसेना स्टेशन हिंडन से भारतीय वायुसेना (आईएएफ) के सी-130जे विमान में सवार होके म्यांमार भेजल गईल रहे। सूत्र के मुताबिक राहत पैकेज में टेंट, स्लीपिंग बैग, कंबल, रेडी टू ईट फूड, वाटर प्यूरीफायर, हाइजीन किट, सोलर लैंप, जनरेटर सेट अवुरी जरूरी सामान जईसे पैरासिटामोल, एंटीबायोटिक्स, सीरिंज, दस्ताना अवुरी पट्टी शामिल बा।

म्यांमार में कई गो भूकंप आईल बता दीं कि म्यांमार में भूकंप के बहुत झटका महसूस भइल। एकरा से म्यांमार में ही ना, थाईलैंड में भी बहुत नुकसान भईल बा। भूकंप के बाद जनता में दहशत के माहौल बा। एक ओर म्यांमार में जहां दिन भर भूकंप के कई गो भूकंप महसूस भईल, उहें रात 11:56 बजे 4.2 तीव्रता के भूकंप भी दर्ज भईल। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी के मुताबिक, एs भूकंप के गहराई 10 किलोमीटर रहे, जवना के चलते एकरा के आफ्टरशॉक के शिकार मानल जाला। एकर केंद्र म्यांमार के मांडले शहर के लगे रहे।

पीएम मोदी चिंता जतवले


एकरा से पहिले शुक के एगो पोस्ट में पीएम मोदी म्यांमार अवुरी थाईलैंड में आईल भारी भूकंप के चलते पैदा भईल स्थिति पs चिंता जतवले। पीएम मोदी कहले कि एs घड़ी में भारत दुनो देश के हर संभव सहायता देवे खातीर तैयार बा। सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स प एगो पोस्ट में प्रधानमंत्री मोदी कहले कि, ‘म्यांमार अवुरी थाईलैंड में आईल भूकंप के बाद पैदा भईल स्थिति से हम चिंतित बानी। सबके सुरक्षा आ भलाई खातिर प्रार्थना करत बानी। भारत हर संभव सहायता देबे खातिर तइयार बा. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.