[the_ad_group id="30365"]

11 दिन बाद लाल निशान से नीचे आइल राप्ती अउर बुढ़िया राप्ती, मुश्किल के लागल अंबार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिद्धार्थनगर में राप्ती नदी 11 दिन बाद खतरा के निशान से नीचे आ गइल। साथ ही जिला के दूसर नदियन के भी जलस्तर लगातार घट रहल बा। प्रशासन के तरफ से घोषित जिला के बाढ़ प्रभावित 580 गांव में 87 गांव मैरूंड होखले से लोग के काफी नुकसान झेले के पडल बा।एमे सर्वाधिक 85 मैरूंड गांव शोहरतगढ़ तहसील क्षेत्र के बा।
जिला में 11 दिन तक बाढ़ के तांडव मचा रहल नदियन के जलस्तर कम हो गइल। राप्ती नदी खतरा के निशान 84.900 मीटर से नीचे 84.630 मीटर पर आ गइल। उहवें बूढ़ राप्ती भी लाल निशान 85.650 मीटर से नीचे 85.590 मीटर पर पहुंच गइल। जबकि कूड़ा, बानगंगा, घोघी, तेलार अउर जमुआर नदी पहिलही खतरा के निशान से नीचे आ चुकल बा। बाढ़ से प्रभावित नौगढ़ तहसील के 93 गांव में 68 गांव मैरूंड रहलें बांसी के बाढ़ प्रभावित 155 गांव में 82 गांव मैरूंड रहलें।

डुमरियागंज के 144 बाढ़ प्रभावित गांव में 90 गांव मैरूंड, इटवा के 103 बाढ़ प्रभावित गांव में 62 गांव मैरूंड अउर शोहरतगढ़ के सब 85 बाढ़ प्रभावित गांव के मैरूंड घोषित कइल गइल बा। एह गांव के 4.50 लाख के आबादी अउर 58,857 हेक्टेयर क्षेत्रफल बाढ़ प्रभावित रहल। एह क्षेत्र में जलमग्न होखले से फसल सड़कर नष्ट हो चुकल बा।

अब ले 19 लोग के मौत

बाढ़ से जिला में अब ले 19 मौत हो चुकल बा। एमें नौगढ़ तहसील में छह, बांसी में पांच, डुमरियागंज में पांच, इटवा में तीन मौतें शामिल बा। प्रशासन के तरफ से अभीन ले पशुअन के मौत के आंकड़ा नाइ बतावल गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]