[the_ad_group id="30365"]

100 साल बादो शो जारी, 13 से 15 दिसंबर देखीं राज कपूर के सुपरहिट फिलिम

राज कपूर के 100 साल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आरके फिल्म्स, फिल्म हेरिटेज फाउंडेशन, एनएफडीसी, एनएफएआई एंड सिनेमाज मिल के दिग्गज राज कपूर के सौवीं जयंती पs एगो जश्न मनावत बा. एकर टाइटिल बा ‘राज कपूर 100- सेलिब्रेटिंग द सेंटेनरी ऑफ द ग्रेटेस्ट शोमैन’। तीन दिन के ई महोत्सव 13 दिसंबर से शुरू होखी आ 15 दिसंबर ले चली. एकरा तहत राज कपूर के 10 गो फिलिम 40 शहर आ 135 सिनेमाघरन में देखावल जाई. ई स्क्रीनिंग पीवीआर-इनॉक्स आ सिनेपोलिस सिनेमाघरन में होखी जवना से ई सुनिश्चित होखी कि दर्शक देश भर के अत्याधुनिक स्थल पs एह श्रद्धांजलि के अनुभव कs सकेलें.

खास बात ई बा कि हर सिनेमा घर में टिकट के दाम महज ₹ 100 पs राखल गइल बा, जेहसे कि सभे एह जादुई सफर के हिस्सा बन सके. राज कपूर (1924–1988) के भारतीय सिनेमा के सबसे बड़ फिल्म निर्माता लोग में गिनल जाला, जे विश्व सिनेमा पs अमिट छाप छोड़ले बाड़े। “द ग्रेटेस्ट शोमैन” के नाम से जानल जाए वाला राज कपूर फिल्म निर्माण, अभिनय अवुरी निर्देशन में अयीसन गजब के काम कईले कि आज भी इs प्रेरणा देवेला। पिता पृथ्वीराज कपूर के नक्शेकदम पs चलत राज कपूर आपन पहचान बनवले। ऊ इंकलाब (1935) में बाल कलाकार के रूप में काम कइलें। एकरा बाद 1948 में उs आर.के. फिल्म्स स्टूडियो के स्थापना कइले आ कई गो ऐतिहासिक फिलिम बनवले.

एह उत्सव में राज कपूर के मशहूर फिलिमन के देखावल जाई जवना में

  • आग (1948)
  • बरसात (1949)
  • आवारा (1951)
  • श्री 420 (1955)
  • जागते रहो (1956)
  • जिस देश में गंगा बहती है (1960)
  • संगम (1964)
  • मेरा नाम जोकर (1970)
  • बॉबी (1973)
  • राम तेरी गंगा मैली (1985)

तs आईं, राज कपूर के 13 से 15 दिसंबर, 2024 ले के जादुई सफर के दोबारा जी आ भारत के एह महान शोमैन के अद्भुत विरासत के जश्न मनाईं।

इहो पढ़ीं: Makar Sankranti 2025: नया साल में कब हs मकर संक्रांति, जानीं एs दिन स्नान-दान के शुभ मुहूर्त

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]