माइग्रेन के ट्रिगर करे वाला 10 फैक्टर, अटैक से बाचल रहे के बा तs समय रहते कs लीं पहचान

Share

लाइफस्टाइल डेस्क। माइग्रेन आजकल बहुते लोगन के समस्या बा। ई एगो अइसन दर्दनाक हालत हs, जवना में सिरदर्द भइल रहेला। मायो क्लीनिक के मुताबिक कुछ खास ट्रिगर माइग्रेन के लक्षणन के अउरी बढ़ा देला। ई ट्रिगर राउर खाए-पिए के सामान, नींद, एक्सरसाइज आ कई बेर सेक्सो हो सकेला।

कुछ खुशबू, आवाज भा तेज चमकदार रोशनी से माइग्रेन ट्रिगर हो जाला। अगर समय पs एकर पहचान कs लिहल जाव तs भीषण दर्द से बाचल जा सकेला। अब जानीं एह ट्रिगरन से बचाव के तरीका।

1. बहुत जादे या कम सोना

कम नींद लेला से माइग्रेन भइल सुरु हो जाला। बाकिर जादे नींद लेलो से ई दिक्कत हो सकेला, खासकर वीकेंड पs। एगो सुते-उठे के रूटीन बनावल जरूरी बा।

2. बहुत देर भूखे रहल

जॉन्स हॉपकिन्स मेडिसिन के रिसर्च कहेला कि लमहर समय तक भूखल रहल माइग्रेन के बड़ कारण हs। नींद जइसन रोजाना खाना खाये के एगो समय होखे के चाहीं। समय पs खाना ना मिले तs हल्का-फुलका हेल्दी स्नैक्स हमेशा रखीं।

3. बहुत जादे भा कम कैफीन

रोज चाय, कॉफी भा ड्रिंक लेला के बाद अगर एक दिन ना मिलल तs माइग्रेन ट्रिगर हो सकेला। काहे कि ब्लड वेसल्स के कैफीन के आदत पड़ जाला। ओहिजा, जादे कैफीन लेला से समस्या बढ़ सकेला।

4. जरूरत से जादे एक्सरसाइज

अचानक भारी एक्सरसाइज कइला से स्ट्रेस हॉर्मोन रिलीज हो जाला। अमेरिकन माइग्रेन फाउंडेशन के मोताबिक रेगुलर एक्सरसाइज फायदेमंद बा, बाकिर ओवरडोज से बचल जरूरी बा।

5. हॉर्मोन में बदलाव

75% महिला लोगन में पीरियड्स के समय माइग्रेन के लक्षण देखल जाला। एह हालत में डॉक्टर से सलाह जरूर लेवे के चाहीं।

6. कुछ फूड आइटम

चीज, एमएसजी वाला खाना भा प्रिजर्वेटिव वाला चीज माइग्रेन ट्रिगर कs सकेला। एसे अपना डाइट पs ध्यान राखीं।

7. तेज गर्मी

गर्मी आ डिहाइड्रेशन माइग्रेन के बड़ कारण हो सकेला। काम के टाइमिंग बदल के सबेरे-सांझ में कइल ठीक रहेला।

8. बदलत मौसम

तापमान में उतार-चढ़ाव, नमी, तूफान आ मौसम बदलल माइग्रेन ट्रिगर कs सकेला। एकरा से बाचल कठिन बा, बाकिर सावधानी बरतल जरूरी बा।

9. तेज आवाज भा रोशनी

फ्लैशिंग लाइट, कंस्ट्रक्शन साइट के आवाज भा तेज म्यूजिक माइग्रेन ट्रिगर कs सकेला। एकरा से एह हालातन से दूर रहल ठीक बा।

10. कुछ खास खुशबू

परफ्यूम भा खाना के महक माइग्रेन ट्रिगर कs सकेला। अगर एकरा से परेसानी होला तs अपना आसपास के लोगन के जानकारी दे दिहीं।

Read Also: Jharkhand News : झारखंड के जंगल में पुलिस आ JJMP के बीच मुठभेड़, तीन उग्रवादी ढेर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-