Chhapra News : जिला में बढ़ल डेंगू के ममिला, सदर अस्पताल में 10 बेड के स्पेशल वार्ड

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2025

छपरा। जिला में मानसून आ बाढ़ के बाद डेंगू के बढ़त ममिलन के देखत स्वास्थ्य विभाग के ओर से अलर्ट जारी कs दिहल गइल बा। एकरा संगही छपरा सदर अस्पताल आ अनुमंडल अस्पतालन में डेंगू

Share

Dengue cases rise in Chhapra, special 10-bed ward set up at Sadar Hospital for patients

छपरा। जिला में मानसून आ बाढ़ के बाद डेंगू के बढ़त ममिलन के देखत स्वास्थ्य विभाग के ओर से अलर्ट जारी कs दिहल गइल बा। एकरा संगही छपरा सदर अस्पताल आ अनुमंडल अस्पतालन में डेंगू मरीजन के बेहतर इलाज खातिर विशेष वार्ड (DENGUE WARD) बनावल गइल बा।

छपरा सदर अस्पताल के नया इमरजेंसी बिल्डिंग के तीसरका तल्ला पs 10 बेड के डेंगू वार्ड स्थापित कइल गइल बा। इहां दवाई आ जरूरी उपकरण उपलब्ध करावल गइल बा। विशेष चिकित्सन के नियुक्ति कइल गइल बा।

5 बेड के DENGUE WARD बनल

सोनपुर अनुमंडल अस्पताल में 5 बेड के डेंगू वार्ड बनावल गइल बा। गंभीर मरीजन के छपरा सदर अस्पताल रेफर कइल जाई। मढ़ौरा अनुमंडल अस्पताल में वार्ड के विस्तार कइल जा रहल बा।

डेंगू मच्छरन के प्रकोप बढ़ल

अस्पताल प्रबंधक राजेश्वर कुमार के अनुसार, निचला क्षेत्र आ दियारा में जल जमाव से डेंगू मच्छरन के प्रकोप बढ़ल बा। स्वास्थ्य विभाग सब अस्पतालन के अलर्ट कइले बा। दवा, जांच किट आ प्लेटलेट्स के बेवस्था कइल जा रहल बा।

डॉक्टरन के टीम मरीजन के निरंतर निगरानी करी। स्वास्थ्य विभाग लोगन से जल जमाव रोके आ डेंगू के लक्षण दिखतही नजदीकी स्वास्थ्य केंद्र से संपर्क करे के अपील कइले बा।

साभार : दैनिक भास्कर

Read Also : CSIR NET Result 2025 : सीएसआईआर यूजीसी नेट रिजल्ट जारी, इहां डायरेक्ट लिंक से करीं चेक

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.