Jharkhand News : झारखंड के जंगल में पुलिस आ JJMP के बीच मुठभेड़, तीन उग्रवादी ढेर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2025

गुमला। बिशुनपुर थाना इलाका के जालिम गांव जंगल में बुध के भोर में प्रतिबंधित उग्रवादी संगठन झारखंड जनमुक्ति परिषद (JJMP) आ जिला पुलिस बल के बीच जोरदार मुठभेड़ भइल। एह एनकाउंटर में पुलिस के बड़का

Share

गुमला। बिशुनपुर थाना इलाका के जालिम गांव जंगल में बुध के भोर में प्रतिबंधित उग्रवादी संगठन झारखंड जनमुक्ति परिषद (JJMP) आ जिला पुलिस बल के बीच जोरदार मुठभेड़ भइल।

एह एनकाउंटर में पुलिस के बड़का सफलता मिलल बा। पुलिस तीन उग्रवादियन के मार गिरवलस, जवना में दू गो सब-जोनल कमांडर सामिल रहलें। मरे वाला उग्रवादी के पहचान लालू लोहरा, छोटू उरांव आ सुजीत उरांव के रूप में भइल बा।

लोहरदगा के रहे वाला लालू लोहरा JJMP के सब-जोनल कमांडर रहे आ ओकरा लगे से AK-47 बरामद भइल बा। ओकरा पs पांच लाख रुपिया के इनाम घोषित रहे। ओही तरे छोटू उरांव, जवन लातेहार के रहे वाला रहे, सब-जोनल कमांडर रहे। ओकरा पs पांच लाख रुपिया के इनाम रहे।

तीसरका सुजीत उरांव लोहरदगा के रहे वाला रहे आ संगठन के कैडर रहे। तीनो बरिसन से इलाका में सक्रिय रह सs आ कइयन गो आपराधिक घटना के अंजाम दे चुकल रह सs।

मुठभेड़ में JJMP के कुख्यात उग्रवादी बृजेश यादव के दस्ता सामिल रहे के बात सामने आ रहल बा। जानकारी मिलतही गुमला एसपी हारिस बिन जमां के अगुवाई में जिला पुलिस बल आ झारखंड जगुआर के संयुक्त टीम पूरा इलाका घेर लिहलस। पूरा ऑपरेशन के कमान खुद एसपी सभरले रहस।

पुलिस जालिम जंगल के चारो ओर से सील कs देलस आ गांव के रास्ता पs आवागमन पूरा तरे रोक देलस। ग्रामीणन से सतर्क रहे आ घर से बाहर ना निकले के अपील भइल बा।

मुठभेड़ के खबर मिलतही आसपास के गांव में दहशत के माहौल बन गइल बा। ई दस्ता लंबे समय से इलाका में रंगदारी, हथियारबंदी आ बाकी आपराधिक काम काज करत रहे।

उल्लेख करे जोग बा कि ई इलाका पहिले भाकपा (माओवादी) के गढ़ रहे, बाकिर माओवादियन के कमजोर पड़ला के बाद JJMP इहां पकड़ बनावल सुरू कs देलस। दुनु संगठन में वर्चस्व खातिर लड़ाई लगातार चलत रहल बा।

एह हालिया कार्रवाई से JJMP के बड़ झटका लगल बा आ पुलिस दावा कइले बिया कि अभियान तब तक जारी रही जब तक पूरा इलाका से उग्रवाद के सफाया ना हो जाई।

Read Also: India vs West Indies Test : वेस्टइंडीज खिलाफ आज होई टेस्ट टीम के एलान, श्रेयस अय्यर चयन खातिर ना रहिहें उपलब्ध

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.