लखनऊ: एयरपोर्ट में यात्री के लगे से पकड़ल गइल 99 लाख कीमत के सोना, एह तरकीब से छिपाके ले आइल रहे

Share

लखनऊ एयरपोर्ट में एगो यात्री के लगे 1.632 किलो ग्राम सोना कइल बरामद कइल गइल। मेटल के घोड़ा के कलाकृति में छिपाके यात्री ई सोना लेके आइल रहे। दुबई से लखनऊ पहुंचल एह यात्री के लगे से कस्टम विभाग सोना बरामद कइलस।

फ्लाइट संख्या IX-194 से ई यात्री दुबई से लखनऊ पहुंचल रहे। एयरपोर्ट पs चेकिंग के दौरान ई सोना बरामद कइल गइल। कस्टम अधिकारियन के चकमा देवे खातिर ऊ सोना घोड़ा के आकृति में छिपावल गइल रहे। शक होखला पs एह घोड़ा के तुड़े खातिर कहल गइल। टूटला पs ओकरा भीतरी से सोना के बिस्किट मिलल।

सोना के ई बिस्किट वजन में 1.632 किलो ग्राम निकलल। जवना के बाजार में कीमत लगभग 98.74 लाख रुपिया बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-