- बिहार: सीवान में फिल्मी स्टाइल में 70 लाख के लूट: कट्टा लेके एकहs गो कs के शॉप में घुसलें सs 7 बदमाश; ग्राहकन से कइलें सs लूटपाट। 900 ग्राम सोना के जेवर आ 25 किलो चांदी के जेवर आउर 3 लाख 63 हजार रुपिया कैश लुटलें सs।
- बिहार: बिहार में बाबूअन के करामात, घर में खोललें सs रजिस्ट्री ऑफिस; निजी मकान में चलत रहे कार्यालय, तीन गिरफ्तार, जमीन से जुड़ल कइयन कागजात बरामद। ग्रामीणन से कइल जात रहे वसूली।
- उत्तर प्रदेश: सावन 2023, गोरखपुर में सीएम योगी कइलें रुद्राभिषेक, सब नागरिकन खातिर सुख आ समृद्धि के प्राथना कइलें।
- उत्तर प्रदेश: अंसारी परिवार के मुस्किल बढ़ल; मुख्तार के पत्नी आ बेटा समेत 6 पs FIR, पीड़ित 11 साल बाद शिकायत कइलस। तमंचा के बल पs कीमती जमीन मऊ विधायक अब्बास अंसारी के नावे करावे के बा ममिला।
- झारखंड: रांची विश्वविद्यालय निकललस हर घर तिरंगा प्रभातफेरी; राज्यपाल सह कुलाधिपति सीपी राधाकृष्णन रैली के कइलें रवाना, कहलें- भारत एक रहे, एक बा आ हमनी के एक रहेम सs।
- ऋषिकेश में लैंडस्लाइड, रिसॉर्ट पs मलबा गिरल, 5 लापता: बद्रीनाथ-केदारनाथ हाईवे बंद; टिहरी में टनल में पानी भरल, 114 लोगन के सुरक्षित निकालल गइल।
- 15 महीना के टॉप पs पहुंचल फुटकर महंगाई: जुलाई में बढ़के 7.44% भइल, ई RBI के तय सीमा से जादे; वजह महंगा सब्जी। महंगाई के लेके चिंता आ अनिश्चितता बरकरार।
- चंद्रमा के आउर करीब पहुंचल चंद्रयान-3: अब ओकर चंद्रमा से दूरी खाली 150 किमी, लैंडिंग 23 अगस्त के होई। 5 अगस्त के चंद्रमा के कक्ष में पहुंचल रहे यान।
- पाक टीवी चैनल 11 लोगन के ना दिखा सकिहें सs: एमे कुछ रिटायर्ड फौजी अफसर सामिल, कुछ इमरान के पार्टी के भगोड़ा नेता; सिंध हाईकोर्ट के फैसला के दिहल गइल बा हवाला।
- प्रोफाइल फोटो बदलला पs बीसीसीआई के ब्लू टिक हटल: सोसल मीडिया प्लेटफार्म ‘एक्स’ पs बोर्ड तिरंगा लगवलस; इंस्टाग्राम-फेसबुक पs टिक बरकरार।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Aug 14, 2023
बिहार: सीवान में फिल्मी स्टाइल में 70 लाख के लूट: कट्टा लेके एकहs गो कs के शॉप में घुसलें सs 7 बदमाश; ग्राहकन से कइलें सs लूटपाट। 900 ग्राम सोना के जेवर आ 25 किलो
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






