Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्मृति शेष : भोजपुरी के मुर्धन्य विद्वान डॉ राजेश्वरी शांडिल्य जी के आज निधन हो गइल ।

1,447

डॉ. राजेश्वरी शांडिल्य : स्मृति शेष

जन्मतिथि – 4 नवम्बर, 1932
पुण्यतिथि – 20 जून 2021

भोजपुरी भाषा आ साहित्य खातिर समर्पित, भोजपुरी साहित्य में अदभुत अनमोल योगदान देबे वाली भोजपुरी के मुर्धन्य विद्वान डॉ राजेश्वरी शांडिल्य जी के आज निधन हो गइल । आखर परिवार एह खबर से शोकाकुल बा आ अपना प्रिय साहित्यकार के बेर बेर नमन क रहल बा श्रद्धांजलि दे रहल बा ।

उत्तर प्रदेश के गाजीपुर जिला के सुहवल गांव में 4 नवम्बर 1932 के डॉ राजेश्वरी शांडिल्य जी के जनम भइल रहे । शुरुवाती शिक्षा गांवही के पाठशाला में भइल फेरु बाद में इलाहाबाद के जगततारन महिला कॉलेज आ फेरु इलाहाबाद विश्वविद्यालय में आगे के शिक्षा भइल ।

विवाह के बाद, घर-गृहस्थी के काम में बाझ लागल, फेरु बेटी के बिआह के बाद जब इहां के भोजपुरी भाषा आ साहित्य खातिर लगनी त फेरु अंतिम समय ले भोजपुरी भाषा आ साहित्य के इतिहास आ वर्तमान से ले के अनेकन गो शोधपरक लेख आ निबंध, शोधपरक किताब लिखनी ।

नेपाल, भूटान, चीन, जापान, हाँगकांग, सिंगापुर के अलावा मॉरिसस, युरोप, अमेरिका, कनाडा, तुर्की, दक्षिण अफ्रिका आदि देसन में यात्रा कइनी आ एह यात्रा में पर्यटन कम भाषाई इतिहास आ संस्कृति प शोध बेसी रहल ।

भोजपुरी भाषा आ साहित्य से जुड़ल भोजपुरी आ हिन्दी में इहां के बीसन गो से बेसी किताब लिखले बानी । इहां के लिखल 10 गो किताब, भोजपुरी साहित्यांगन प पढे के मिल जाई । ओह दसो किताबिन के फोटो एजुगा लगावल गइल बा । इहाँ के भोजपुरी संस्कृति, भोजपुरी साहित्य में निबंध से ले के लोकोक्तियन तकले, विज्ञान आधारित जानकारी, चिंतनशील विषयन प निबंध, भोजपुरी लोकगीतन में राष्ट्रीयता आ गांधी, तीज-त्योहार-धर्म के संगे संगे लोक-संस्कृति प इहां के अदभुत काम रहल बा । इहां के द्विभाषी पत्रिका ‘ भोजपुरी लोक (मासिक) के प्रधान संपादक भी रहनी ।

आखर परिवार अपना महान साहित्यकार डॉ राजेश्वरी शांडिल्य जी के निधन प दुखी बा, लोर भरल श्रद्धांजलि दे रहल बा ।

[ डॉ राजेश्वरी शांडिल्य जी के निधन के जानकारी, आखर परिवार, श्री राम नारायण तिवारी जी के फेसबुक वाल से मिलल ह ]

1330cookie-checkस्मृति शेष : भोजपुरी के मुर्धन्य विद्वान डॉ राजेश्वरी शांडिल्य जी के आज निधन हो गइल ।

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.