[the_ad_group id="30365"]

क्या गाऊँ तुझे सुनाऊँ गीत राकेश श्रीवास्तव जी के स्वर में रिलीज भइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

क्या गाउँ, तुझे सुनाउँ गीत भइल रिलीज, राकेश श्रीवास्तव के आवाज से सजल बा ई गीत।
गोरखपुर 21 जून: विश्व संगीत दिवस के अवसर पर बिना कवनो औपचारिकता के लोकगायक अउरी संगीत नाटक एकेडमी उत्तर प्रदेश के सदस्य राकेश श्रीवास्तव अपना स्वर में गावल एगो हिंदी गीत के स्वयं लोकार्पण करत बतावनी कि करोना कॉल में सब कुछ बंद रहल लेकिन हम निरन्तर ऑनलाइन गीत संगीत पर कार्य करत रहनी, एह क्रम में फेसबुक पर पोस्ट एगो गीत हमरा बहुत अच्छा लागल जवना के रचनाकार सुप्रसिद्ध गीतकार संगीत सुभाष जी रहले। हम ओह गीत के कंपोज कइनी अउरी संगीतकार कन्हैया श्रीवास्तव के हम फोन कइनी एह गीत का ट्रैक बनावे ख़ातिर।काहेकी कहीं आइल गइल संभव ना रहल। एहसे अपना-अपना घरे बइठ के सभ तइयारी कइल गइल अउरी जब कोरोना के प्रभाव तनी कम भइल तs एकर रिकॉर्डिंग कन्हैया श्रीवास्तव के स्टूडियो में कइल गइल अउरी ओहिजे शुट भी कइल गइल ,जवना के सम्पादन अमन चन्द्रा अउरी छायांकन सम्राट सिंह जी कइनी, ई बिल्कुल नया प्रयोग रहे, आज एह वीडियो के विश्व संगीत दिवस के अवसर पर स्वयं रिलीज करत बहुत ही प्रसन्नता हो रहल बा, उँहा के आगे बतावनी कि ई हमरा स्वर में गावल गइल हिंदी गीत बा, आशा बा ई गीत आप सबके पसंद आई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]