मौत से पहिले Zubeen Garg लिखले रहलें ई नोट, पत्नी बोलली- ‘हमरा सांस लेवे के मन नइखे…’

Assamese singer Zubeen Garg’s emotional note before death, wife breaks down saying she doesn’t want to breathe anymore

Share

एंटरटेनमेंट डेस्क। ‘या अली’ सिंगर जुबीन गर्ग (Zubeen Garg) अब एह दुनिया में नइखन। 19 सितंबर 2025 के सिंगापुर में सिंगर के निधन हो गइल रहे। एह घटना के डेढ़ महीना बादो मौत के गुत्थी सुलझ ना सकल। हत्या भा दुर्घटना… आखिर जुबीन के जान कइसे गइल? पुलिस ई पता लगावे में जुटल बिया।

जुबीन गर्ग के मौत के गुत्थी सुलझावे आ आरोपियन के सजा दिलावे के मुहिम उनकर फैंस सोशल मीडिया पs चलावत बा लोग। इहे ना, सिंगर के पत्नी गरिमा गर्ग (Garima Garg) एक बेर फेर पति के मौत के ममिला में बड़हन सवाल उठवली।

जुबीन गर्ग लिखले रहलें ई नोट

दरअसल, जुबीन गर्ग के आखिरी मूवी रोई रोई बिनले (Roi Roi Binale) के रिलीज के बीच उनकर पत्नी गरिमा गर्ग इंस्टाग्राम अकाउंट पs एगो भावुक पोस्ट शेयर कइले रहस। एह पोस्ट में सिंगर के लिखल नोट रहे, जवन उनका मौत से ठीक चार दिन पहिले माने 15 सितंबर के अपना चाहे वालन खातिर लिखले रहलें।

एह हाथ से लिखल नोट में जुबीन गर्ग कहले रहस “इंतजार, तनिका आउर इंतजार… हमार नया फिलिम आ रहल बा। आके एकरा के देखी जरूर। ढेर सारा प्यार, जुबीन दा।”

पत्नी पूछली जुबीन से जुड़ल बड़ सवाल

एह पोस्ट के शेयर करत जुबीन के पत्नी कैप्शन में लिखली, “अपना 15 सितंबर के जवन चिट्ठी लिखलें ओमे प्यारा लोगन से एगो प्यार भरल अपील रहे। हर शब्द दिल के छू जाला गोल्डी। बाकिर एह सबके बीच खाली सीना में जलन होत बा। एगो आउर सवाल- 19 सितंबर के का भइल? कइसे, काहे? हमरा नइखे पता कि शांति कहां बा बाकिर जब तक हमरा एकर जवाब नइखे मिल जात, हमरा सांस लेवे के मन नइखे करत।”

फिलहाल, जुबीन गर्ग मौत ममिला में जांच चलत बा। एह ममिला में दू आरोपियन के गिरफ्तार कs के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा। सिंगर के निधन के बाद अइसन खबर बा कि डूबे के चलते उनकर मौत भइल रहे।

Read Also: Andhra Pradesh Stampede : आंध्र प्रदेश के वेंकटेश्वर मंदिर में भगदड़, 7 श्रद्धालुअन के मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-