[the_ad_group id="30365"]

Andhra Pradesh Stampede : आंध्र प्रदेश के वेंकटेश्वर मंदिर में भगदड़, 7 श्रद्धालुअन के मौत

Stampede at Venkateswara Temple in Srikakulam, Andhra Pradesh; chaos at the scene after 7 devotees died
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। आंध्र प्रदेश के श्रीकाकुलम जिला में एगो बड़ हादसा हो गइल बा। जानकारी के मोताबिक, एकादशी के दिन काशीबुग्गा इस्थित वेंकटेश्वर स्वामी मंदिर में बड़ भीड़ जुटल रहे। भीड़ बढ़ला के चलते अचानक भगदड़ मच गइल, जवना में सात श्रद्धालुअन के मौत हो गइल आ कई लोग घायल हो गइल बानी।

चंद्रबाबू नायडू कहलें- “ई घटना हृदय विदारक बा”

राज्य के मुख्यमंत्री एन चंद्रबाबू नायडू एह घटना पs गहिराह दुख जतावत कहलें कि ई बहुते दुखद घटना बा। ऊ एक्स पs लिखलें-

“श्रीकाकुलम के काशीबुग्गा वेंकटेश्वर मंदिर में भगदड़ के घटना से हम बहुते दुखी बानी। श्रद्धालुअन के मौत दिल तुड़ देवे वाला बा। हम मृतक परिवारन के प्रति आपन संवेदना जतावत बानी।”

ऊ इहो कहलें कि घायलन के बेहतर इलाज के निरदस दे दिहल गइल बा आ अधिकारी लोगन के राहत के काम पs नजर रखे के आदेस दिहल गइल बा।

राहत आ बचाव में जुटल प्रशासन

स्थानीय प्रशासन आ पुलिस टीम मंदिर परिसर में राहत आ बचाव के काम में जुटल बा। मृतक आ घायलन के सही संख्या के आधिकारिक पुष्टि अभी बाकी बा।

मंत्री नारा लोकेश दुख जतवलें

आंध्र प्रदेश के मंत्री नारा लोकेश एह हादसा पर गहिराह दुख जतवलें। ऊ कहलें- “आज एकादशी के पावन दिन पs ई दुखद घटना हमनी सभे के हिला देले बा। हम मृतक परिवारन के प्रति संवेदना जतावत बानी। सरकार घायलन के बेहतर इलाज खातिर पूरा मदद के रहल बिया।”

ऊ इहो बतवलें कि ऊ खुद संबंधित अधिकारी आ स्थानीय विधायक से बात कइले बाड़ें आ पीड़ित लोगन के तात्कालिक सहायता देवे के निरदेस देले बाड़ें।

Raed Also: Pro. Ramdarsh Mishra Passes Away : ना रहलें पद्मश्री प्रो. रामदरश मिश्र, दिल्ली में भइल अंतिम संस्कार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]