जिम्बाब्वे पाकिस्तान के टी20 वर्ल्ड कप 2022 सुपर-12 के एगो अहम मुकाबला में एगो रन से हरा देले बा। जिम्बाब्वे पहिले बल्लेबाजी करत 20 ओवर में 8 विकेट प 130 रन बनवले रहे। एकरा जवाब में पाकिस्तान के टीम शुरुआती झटकन से उबर ना सकल आ लगातार विकेट गंववला के कारण मैच गंवा दिहल। पाकिस्तान के टीम 20 ओवर में 8 विकेट प 129 रन बना सकल।
131 रनन लक्ष्य के पीछा करे उतरल पाकिस्तान के टीम पूरा तरे से बिखरल नजर आइल। जिम्बाब्वे के खिलाफ मिलल हार से पाकिस्तान के बल्लेबाजी के पोल खुल गइल। बाबर आजम आ रिजवान के जल्दी आउट होखला के बाद पाकिस्तान के टीम चेज के दौरान अपना आपके संभार ना सकल आ मैच गंवा देलस। टूर्नामेंट में लगातार दूसरका हार के संगे पाकिस्तान के वर्ल्ड कप से बाहर होखे के संभावना बढ़ गइल बा।
पाकिस्तान मोहम्मद वसीम जूनियर (24/4) आ शादाब खान (23/3) के शानदार गेंदबाजी के बदौलत जिम्बाब्वे के छोट स्कोर प रोक देले रहे, बाकिर बल्लेबाजन के प्रदर्शन टीम के निराश कइलस। पाकिस्तान खातिर शान मसूद 38 गेना प 44 रन बनवले बाकिर उनका केहू के साथ ना मिलल। बाबर आजम के टीम के आखिरी ओवर में 11 रन के दरकार रहे आ मोहम्मद नवाज़ विकेट प मवजूद रहले। नवाज़ पहिला गेना प तीन रन लेले बाकिर जब पाकिस्तान के दु गेना में तीन रन चाहत रहे, तब नवाज़ आउट हो गइले। शाहीन शाह अफरीदी अंतिम गेना प दु रन लेके मैच के टाई करवावल चहलें, बाकिर रेजिस चकाब्वा उनका के रनआउट क देलें आ जिम्बाब्वे एह मैच के मात्र एक रन से जीत लेलस।
पाकिस्तान के गेंदबाज शानदार प्रदर्शन करत जिम्बाब्वे के बियफे के टी20 विश्व कप मैच में आठ विकेट प मात्र 130 रन बनावे देलस। पाकिस्तान खातिर मोहम्मद वसीम सबसे सफल गेंदबाज रहले जे अपना चार ओवर में 24 रन देके चार विकेट झटकलें। उनका अलावे शादाब खान चार ओवर में 23 रन लेके तीन खिलाड़ियन के आउट कइलें। जिम्बाब्वे खातिर सीन विलियम्स 31 रन आउर कप्तान क्रेग इरविन आ ब्रैड इवांस 19-19 रन बनावल लो।