Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

YouTube Sleep Timer: नया फीचर के टेस्टिंग कs रहल बा यूट्यूब, एगो निश्चित समय पs ऑटोमेटिक रुक जाई वीडियो

478
Google Ads 300*250 for posts

गूगल के दुनिया भर में लाखन यूजर्स बा लो, जे एकर अलग-अलग सर्विसेज के इस्तेमाल करत बा लो। ई सुविधा यूजर्स के धेयान में रखके तइयार कइल गइल बा। यूट्यूब एही सर्विसेज में से एगो बा, जवन अपना कस्टमर्स के बेहतर एक्सपीरियंस देवे खातिर लगातार नया फीचर्स ले आवत रहेले। एही सिलसिला के जारी रखत यूट्यूब एगो नया फीचर के टेस्टिंग सुरू कs देले बा।

YouTube स्लीप टाइमर नामक एगो फीचर ले आवे के तइयारी में बा, जवन एगो नया प्रयोग फीचर हs आ एगो सीमित अवधि खातिर उपलब्ध बा। एह टेस्टिंग के आधार पs कंपनी बाद में एकरा के सब यूजर्स खातिर उपलब्ध करावल जा सकत बा।

एकरा संगही कंपनी जेमिनी पs आधारित एगो नया आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI) टूल के परीक्षण कs रहल बा, जवन कंटेंट क्रिएटर्स के टेक्स्ट प्रॉम्प्ट के संगे-संगे वीडियो टाइटल आ थंबनेल सजेशन के आधार पs वीडियो आउटलाइन बनावे दी।

स्लीप टाइमर फीचर के टेस्टिंग कs रहल बा YouTube

जानल-मानल कंपनी गूगल आपन वेबसाइट एगो पोस्ट शेयर कइले बिया, जेमे बतावल गइल बा कि YouTube स्लीप टाइमर फीचर लेआ रहल बा।

बतावल गइल बा कि स्लीप टाइमर रउआ एगो निश्चित समय के बाद प्लेबैक के ऑटोमेटिकली रोके खातिर टाइमर सेट कs देत बा। अब सवाल उठत बा कि ई फीचर कइसे काम करत बा। रउआ के बता दीं कि एकर उपयोग करे के बहुत सरल बा। एकरा खातिर यूजर अपना स्मार्टफोन पs YouTube ऐप भा अपना फोन भा डेस्कटॉप पs वेब क्लाइंट खोल सकत बा।

एकरा बाद वीडियो चलावत घरी सेटिंग मेनू (वीडियो इंटरफेस के टॉप दाईं आ गियर आइकन) पs नेविगेट कs सकत बा। एह सुविधा के उपयोग करे खातिर यूजर के अपना खाते में साइन इन करे के होई।

कवन यूजर्स के मिली सुविधा

स्लीप टाइमर सुविधा 10 मिनट, 15 मिनट, 20 मिनट, 30 मिनट, 45 मिनट आ 60 मिनट के बाद प्लेबैक के रोके के विकल्प देखाई। एकरा अलावे वीडियो खतम होखला के बाद ऑटो प्लेबैक के रोके के विकल्पो मिलत बा। फिलहाल ई फीचर खाली YouTube प्रीमियम यूजर्स खातिर उपलब्ध बा।
यूजर्स के एह सुविधा के उपयोग करे से पहिले उनका के प्रायोगिक सुविधन के मैन्युअली चालू करे के होई। अइसन करे खातिर, प्रीमियम यूजर YouTube के होम पेज पs सेटिंग्स में जा सकत बा।
प्रायोगिक नया सुविधन के आजमावे खातिर नेविगेट कs सकत बा। ई सुविधा वर्तमान में खाली दु सितंबर तक उपलब्ध बा। स्लीप टाइमर सुविधा ओह लोगन खातिर उपयोगी होई, जे बिस्तर पs जात घरी वीडियो देखल पसन करेला।

924780cookie-checkYouTube Sleep Timer: नया फीचर के टेस्टिंग कs रहल बा यूट्यूब, एगो निश्चित समय पs ऑटोमेटिक रुक जाई वीडियो

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.