Yeh Rishta Kya Kehlata Hai के शिवांगी जोशी के मिलल एकता कपूर के नया शो, निभइहें इ किरदार

Share

 

एक्ता कपूर के नयका शो ‘बरसातें-मौसम प्यार का’’ में जल्दिए अभिनेत्री शिवांगी जोशी के नजर अइहें। अभिनेत्री एह शो के निर्माता एकता कपूर के तारीफ करत कहली कि एकता एह शो से कुछ अलग करे के कोशिश करत बाड़ी, उनुका उमेद बा कि दर्शकन के ई शो जरूर पसंद आई।

बहुत सुन्दर शो बा

हालही में अभिनेत्री शिवांगी मुंबई में आयोजित गोल्डन ग्लोरी अवार्ड में देखल गइल रहली जहाँ ऊ अपना नया शो का बारे में बतियावत रहली. अभिनेत्री कहली कि ई सही समय बा कि हमनी के नया शो ‘बरसातें-मौसम प्यार का’ ले आवे के बा। ई एगो बहुते सुन्दर शो बा। टेलीविजन के दुनिया बदले वाली टेलीविजन रानी एकता एह शो से कुछ अलगे कोशिश करत बाड़ी। आशा बा कि हमनी का ई काम कs पाइब जा।

एह दिन ई शो रिलीज होखी

 

शो में अपना भूमिका के बात करत उ कहली कि हम ए शो में पत्रकार के भूमिका निभावत बानी। एकरा संगे हम पत्रकार के जीवन के बारे में बहुत कुछ सीख रहल बानी। एह शो में शिवांगी कुशाल टंडन के साथे नजर अइहें। एह ताजा जोड़ी के बारे में बतियावत अभिनेत्री कहली कि अबले जवन प्रतिक्रिया मिलत बा ऊ बहुते बढ़िया बा, ई एगो अलग जोड़ी ह आ लोग एकरा के बहुते पसंद करत बा, उमेद बा कि दर्शक हमनी के भी पसंद करीहें। बरसातें-मौसम प्यार का के प्रीमियर 10 जुलाई से सोनी टीवी पs होखी।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-