गोरखपुर : हिंदू धरम में बियाह के अलग-अलग रस्मन के मवका पs गीतन के खास महत्व होला। गणेश पूजा से लेके कन्यादान, बिदाई से लेके पगफेरा तक हर रस्म पs अलग-अलग गीत गावल जाला। ई गीत जहां एक ओर लोगन के झूमावे ला, ओहिजा दिल के छूके भावुक कs देला। ई गीत जिनगी भर खातिर यादन के पिटारा में सुनहरा पल बन के बस जाला।
एही सोच के संगे भोजुपरी साहित्य आ पारंपरिक लोकगीतन के संरक्षण आ संवर्धन में लागल संस्था यायावरी वाया भोजपुरी आपन यूट्यूब चैनल पs विवाह गीतन के श्रृंखला के तहत हरीश गड़ाई (बियाह के समय होखे वाला अनुष्ठान, जवन माड़ो गड़ाई के नाम से भी जानल जाला) के मवका पs गावल जाये वाला पारंपरिक गीत “कहवां बाड़े भाई” के मंगर के दिन रिलीज कइले बा। एह गीत के दर्शकन आ श्रोता लोगन से बहुते सराहना मिल रहल बा।
सुरभि कश्यप के बा मधुर आवाज
एह पारंपरिक गीत के चर्चित गायिका सुरभि कश्यप आपन मधुर आवाज से सजवले बाड़ी। गीत के संगीत आ मिक्स मास्टरिंग सुशांत अस्थाना के बा, जबकि फिल्मांकन सागर जैक कइले बाड़ें। एकरा से पहिले हल्दी रस्म पs गावल जाये वाला गीत “हरदी चढ़ेला रघुनाथ” रिलीज भइल रहे, जवना के 12 हजार से जादे लोग देख के सराह चुकल बा।
बारी-बारी से रिलीज होई कइयन गो गीत
यायावरी वाया भोजुपरी के परियोजना अधिकारी गौरव मणि त्रिपाठी बतवलें कि अब तक एह चैनल पs भोजुपरी के 30 से जादे लोकगीत रिलीज हो चुकल बा। एमे राम भजन, सोहर, कजरी, प्रेम गीत के संगे-संगे होली आ छठ गीत सामिल बा। आगे योजना बा कि बियाह के हर एक रस्म पs गावल जाये वाला गीतन के पूरा सीरीज दर्शकन आ श्रोता लोगन खातिर उपलब्ध करावल जाये। सब गाना तइयार बा आ समय-समय पs बारी-बारी से रिलीज कइल जाई।







