IND vs USA : सूरजकुमार यादव के घरेलू मैदान पs गरजल बल्ला, जीत के संगे भारत विश्व कप के अभियान के कइलस आगाज

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 8, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। टी20 विश्व कप 2026 के तीसरा मुकाबला में अमेरिका के टीम दुनिया के नंबर-वन टीम भारत के कड़ा टक्कर देलस। मैच में एक समय भारतीय टीम बुरा तरे दबाव में नजर आवत रहे,

Share

Suryakumar Yadav brilliant batting against USA T20 World Cup 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। टी20 विश्व कप 2026 के तीसरा मुकाबला में अमेरिका के टीम दुनिया के नंबर-वन टीम भारत के कड़ा टक्कर देलस। मैच में एक समय भारतीय टीम बुरा तरे दबाव में नजर आवत रहे, बाकिर कप्तान सूर्यकुमार यादव के नाबाद 84 रन के सानदार पारी भारत के नइया पार लगा देलस। मुंबई के घरेलू मैदान पs सूर्या के बल्ला खूब गरजल आ भारत 9 विकेट पs 161 रन के मजबूत स्कोर खड़ा कइलस।

अंतिम ओवर में सूर्यकुमार यादव आपन पुरान साथी सौरभ नेत्रवलकर पs जमके बरसलें। आखिरी ओवर में दू चौका आ दू छक्का लगाके स्कोर 160 के पार पहुंचा देलें। जवाब में अमेरिका के टीम 20 ओवर में 8 विकेट खोके खाली 132 रन बना सकल। भारत ई मुकाबला 29 रन से जीतके विश्व कप के विजयी सुरुआत कइलस। अब 10 फरवरी के भारत के अगिला मुकाबला नामीबिया से दिल्ली के अरुण जेटली स्टेडियम में होई।

अमेरिका टॉस जीत के बॉलिंग के कइलस फैसला

अमेरिकी कप्तान मोनांक पटेल टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी चुनलें। उनका टीम में कइयन गो भारतीय मूल के खिलाड़ी रहे लोग, जे मुंबई के मैदान से परिचित रहलें। पिच पs गेना रुक-रुक के आवत रहे, जवन बल्लेबाजन खातिर मुश्किल पैदा कइलस।

भारत के खराब सुरुआत

भारत के सुरुआत बहुते निराशाजनक रहल। अभिषेक शर्मा बिना खाता खोलले आउट हो गइलें। एक समय भारत 5 ओवर में 45 रन बना चुकल रहे, बाकिर वेन शाल्कविक लगातार विकेट चटकाके भारतीय पारी के झकझोर देलें। पावरप्ले में भारत 4 विकेट पs 46 रन बना सकल।

ईशान किशन (20), तिलक वर्मा (25) आ शिवम दुबे (0) जल्दी पवेलियन लवट गइलें। कुल मिलाके भारत के 9 में से 8 विकेट कैच आउट भइल, जवन पिच के धीमापन साफ देखावत रहे।

एक छोर पs डटल रहलें सूर्या

जब एक तरफ से विकेट गिरत रहे, तs दूसरका छोर पs सूर्यकुमार यादव मजबूती से टिकल रहलें। 14 ओवर में भारत के स्कोर 6 विकेट पs 86 रन रहे। ब्रेक के दौरान कोच गौतम गंभीर के सलाह के बाद सूर्या आपन खेल बदललें आ जिम्मेदारी से रन बनावे लगलें।

आखिरी ओवर में 21 रन बनाके सूर्या भारत के स्कोर 160 के पार पहुंचवले। 49 गेना पs 84 रन के पारी में 10 चौका आ 4 छक्का सामिल रहे। अक्षर पटेल 14 रन बनवलें, जबकि बाकी बल्लेबाज खास जोगदान ना दे सकल लोग।

गेंदबाजन के सानदार प्रदर्शन

गेंदबाजी में भारत के दबदबा रहल। अर्शदीप सिंह आ मोहम्मद सिराज सुरुआत से अमेरिका पs दबाव बनवले रखलें। सिराज 3 विकेट लेलें, जबकि अर्शदीप सिंह आ अक्षर पटेल के 2-2 सफलता मिलल। वरुण चक्रवर्ती अहम समय पs साझेदारी तुड़लें।

कुल मिलाके सूर्यकुमार यादव के कप्तानी पारी आ गेंदबाजन के अनुशासित प्रदर्शन से भारत विश्व कप के जीत के साथ सानदार आगाज कइलस।

Read Also: Pappu Yadav Arrest : सांसद पप्पू यादव दू दिन खातिर न्यायिक हिरासत में, 9 फरवरी के जमानत अर्जी पs होई सुनवाई

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.