“यायावरी वाया भोजपुरी” के होली मिलन में रहल कलाकारन के जलवा

Share

यायावरी भाया भोजपुरी के होली मिलन समारोह के भइल उत्साह के संगे आयोजन
भोजपुरी साहित्य के विकास आ संवर्धन खातिर समर्पित संस्था “यायावरी वाया भोजपुरी” के होली मिलन समारोह के आज आयोजन भइल। एह समारोह में लोग बढ़ चढ़ के हिस्सा लेलस आ एक दोसरा के अबीर लगाके होली के सुभकामना देलस।

कार्यक्रम के आनंद लेत मवजूद लोग

वरिष्ठ आ प्रतिष्ठित लोग “यायावरी वाया भोजपुरी” के कोसिसन के सराहल  

समारोह के बीचे बोलत श्री अमित सिंह जी कहनी,  यायावरी वाया भोजपुरी अपना एंड्राइड ऐप का माध्यम से देस दुनिया के तमाम चर्चित साहित्य के भोजपुरी में अनुवाद कs के कहानियन का माध्यम से जनता के बीचे ले आवे के काम करत बा जवन अपना आप में एगो सराहे जोग आ अनूठा पहल बा। उहां के आगे कहनी कि यायावरी वाया भोजपुरी आवे आला दिनन में भोजपुरी साहित्य के विकास में मिल के पत्थर साबित होई।

श्री राकेश श्रीवास्तव जी एह अवसर पs बोलत कहनी कि यायावरी वाया भोजपुरी, भोजपुरी साहित्य के संवर्धन ला समर्पित संस्था हs आ एकर कोसिस सराहे जोग बा।

श्री वैभव मणि त्रिपाठी जी बतवनी, यायावरी भोजपुरी सबसे पहिले दुनिया के श्रेष्ठ कहानियन के भोजपुरी में अनुवाद करावे के काम करेला। फेर एह कहानियन के रिकॉर्ड कइल जाला ओकरा बाद एकरा के ऐप पs  सुने खातिर उपलब्ध करावल जाला।  अब तक एह ऐप पs जर्मनी, इंग्लैंड, रूस, अमेरिका समेत भारत के कइयन गो भाषा के श्रेष्ठ कहानियन के भोजपुरी अनुवाद सुने ला उपलब्ध बा।

झारखंड से आइल शालिनी रहली आकर्षण के खास केंद्र 

मंच से प्रस्तुति देत शालिनी

अपना गीतन के प्रस्तुति से छाईल शालिनी दुबे झारखंड से आइल रही। शालिनी के प्रस्तुति पs लोग झूम उठल।  गोरखपुर के चर्चित लोक गायिका अनन्या सिंह , जानल-मानल गायिका हृदया त्रिपाठी आ  गचर्चित कलाकार आदित्य राजन आपन प्रस्तुति से सभे के खुब प्रभावित कइल।

कार्यक्रम के संचालन शुभेन्द्र सत्यदेव जी कइनी। एह अवसर पs  वैभव मणि त्रिपाठी, गौरव मणि त्रिपाठी, डॉ ० क्षमा त्रिपाठी, एकता त्रिपाठी, अनुराग , सुशांत देव सुधीर मिश्र, आशुतोष, शालिनी, अनन्या, आदित्य राजन, शिवांगी ऋषभ समेत आउर लोग मवजूद रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-