X UPDATE: एक्‍स में दिखल नया बदलाव

Share

 

 

इंस्टेंट ब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म एक्स अब एगो नया बदलाव कइले बा. एलन मस्क के कंपनी एह प्लेटफार्म पs साझा लिंक खातिर लेख पोस्ट के हेडलाइन हटावल शुरू कs दिहले बिया। एह बदलाव के बाद अगर यूजर एक्स ऐप पs कवनो लिंक पोस्ट कईल चाहतारे त प्लेटफॉर्म अपने आप आपन हेडलाइन छिपा देवेला। हालांकि यूजर लिंक के फोटो देख सकतारे। कंपनी के मालिक एलन मस्क एह बदलाव के एलान पहिलहीं कs चुकल रहले।

त एही से बदलाव आइल बा?

एह बदलाव एक्स के मालिक एलन मस्क के कई गो पोस्टन के बाद आइल ह , ऐमे कहल गइल बा कि अरबपति पारंपरिक समाचार आउटलेट्स के कंटेंट नाहीं पढ़ेले, जेके उ “लेगेसी मीडिया प्रोपेगेंडा” कहले रहले। उ इहो कहले रहले कि एकरी मुकाबले एक्स एगो “बेहतर”, अधिक भरोसेमंद विकल्प बा।

हेडलाइन लउकल भइल बंद 

प्लेटफार्म पोस्ट कइल लिंक से हेडलाइन हटावत बा जवना में अब वेबसाइट लिंक के साथे थंबनेल फोटो देखावल जाई। बता दीं कि एह साल ए ऐप में बहुत बदलाव भईल बा अवुरी अब एकरा में एगो अवुरी नाया बदलाव शामिल भईल बा। कंपनी ए बदलाव के बारे में जानकारी दे चुकल रहे अवुरी अब एकरा के जारी कs दिहल गईल बा।

एक्स प्लेटफार्म पs एह बदलाव बुध के एक्स के मोबाइल एप पs शुरू भइल बा, बाकिर बुध के सांझी ले प्लेटफार्म के वेब/डेस्कटॉप वर्जन पs एकरा के लागू नाहीं कइल गइल। हालांकि, अब वेब/डेस्कटॉप वर्जन खातिर एकरा के जारी कइल गइल बा।

 रउरा अइसे कs सकेनी पोस्ट

एह प्लेटफार्म पs पत्रकारन के शिकायत रहे कि एह बदलाव से लिंक पs ध्यान कम हो जाई आ यूजर्स के पोस्ट कइल लिंक के कंटेंट के समझल मुश्किल हो जाई। हालांकि अब एक्स पs कवनो न्यूज पोस्ट शेयर करे खातीर यूजर के मैन्युअल रूप से हेडलाइन लिखे के होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-