एक्स पासकी: एलान मस्क ग्लोबल रूप से पासकी लॉन्च कइले, लॉगिन खातीर पासवर्ड डाले के जरूरत ना होई

Raj Nandani

गूगल क्रोम में भी पासकी के सुविधा उपलब्ध बा। पासवर्ड के अंदाजा केहु नइखे लगा सकत। अपना आईफोन प एक्स के पासकी चालू करे खाती अपना एक्स खाता के सेटिंग्स एंड प्राइवेसी में जाईं। एकरा बाद Security प क्लिक करीं आ Additional password protection से Passkey चुनीं। एही तरे पासकी के भी हटावल जा सकेला।

बहुत इंतजार के बाद एक्स सभ आईओएस यूजर खातीर पासकी सपोर्ट लॉन्च कइले बिया। पासकी एह साल जनवरी में शुरू हो गइल बा जवन पासवर्ड के विकल्प बा। पहिले एक्स पासकी खाली अमेरिकी यूजर खातिर रहे बाकी अब एकरा के वैश्विक स्तर प जारी कइल गइल बा।

एक्स के पासकी फीचर फिलहाल वेब आ एंड्रॉयड खातीर उपलब्ध नइखे बाकि एकरा के जल्दिए एंड्रॉयड खातीर लॉन्च कइल जा सकता। पिछला महीना ही एगो लीक रिपोर्ट आइल रहे जवना से एकर लॉन्चिंग के अंदाजा लगावल जा रहल बा ।

एक्स अपना आधिकारिक हैंडल के माध्यम से अपना प्लेटफॉर्म के ए फीचर के घोषणा कइले बिया। आईओएस यानी आईफोन यूजर ए पासकी के फायदा उठा सकतारे। पासकी के फायदा के बात कइल जाए त एकरा के याद राखे के जरूरत नइखे आ एकरा के लीक होखे के कवनो खतरा नइखे।

पासकी अपने आप भर जाला। एकर इस्तेमाल बहुत डिवाइस प कइल जा सकता लेकिन फिलहाल एक्स के मामला में अयीसन नइखे। जब भी आप नया खाता बनावेनी त आपके फोन पासवर्ड के सुझाव देवेला आ कहेला कि इ एगो मजबूत पासवर्ड ह आ एकरा के याद राखे के जरूरत नइखे।

गूगल क्रोम में भी पासकी के सुविधा उपलब्ध बा। पासवर्ड के अंदाजा केहु नइखे लगा सकत। अपना आईफोन प एक्स के पासकी चालू करे खाती अपना एक्स खाता के सेटिंग्स एंड प्राइवेसी में जाईं। एकरा बाद Security पर क्लिक करीं आ Additional password protection से Passkey चुनीं। एही तरे पासकी के भी हटावल जा सकेला।

 

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया चित्रकार, लेखिका आ भोजपुरी नवहा जेकर तन-मन अपना माई भाखा खातिर समर्पित बा। खबर भोजपुरी के पाठकन खातिर हम एहिजा देस-दुनिया, सिनेमा, राजनीति, स्वास्थ आ भोजपुरिया क्षेत्र के खबर रउआ सभे खातिर लेके आवेनी। रउआ सभे हमरा से rajnandani0021@gmail.com पs संपर्क कs सकेनी।