WWDC 2025: एपल iOS 18 के बाद सीधे iOS 26 काहे लॉन्च कइलस, हैरान करे वाला बा वजह

Share

टेक डेस्क: एपल सोमार के आपन वार्षिक वर्ल्ड वाइड डेवेलपर कॉन्फ्रेंस (WWDC) 2025 के दौरान अपना सब ऑपरेटिंग सिस्टम्स के अपग्रेड्स के घोषणा कइलस, जेमे सबसे बड़ घोषणा iOS 26 के रहल। चउकावे वाला बात ई रहल कि जहां अबकी बेर के वर्जन iOS 19 होखे के चाहत रहे, ओहिजा कंपनी एकरा के सीधे iOS 26 नाम देलस।

iOS 19 के जगह iOS 26 काहे?

एपल कहले बा कि अब से ऊ अपना ऑपरेटिंग सिस्टम्स के नाम साल के आधार पs रखी, ठीक ओइसही जइसे कार कंपनी अपना मॉडल्स के नाम रखेली सs। चूंकि ई iOS अपडेट 2026 में उपयोग खातिर आ रहल बा, एहिसे एकर नाम iOS 26 रखल गइल बा।

एपल के सीनियर वाइस प्रेसिडेंट क्रेग फेडेरिघी कहलें, “हमनी के फॉल सीजन के रिलीज जवन पूरा साल 2026 तक हमनी के ताकत दी, ऊ सब वर्जन 26 होई।” एह बदलाव के तहत अब iOS ना बलुक सब प्लेटफॉर्म्स पs एकसमान नंबरिंग होई जइसे iOS 26, iPadOS 26, macOS 26, watchOS 26, tvOS 26, visionOS 26।

नया डिजाइन: Liquid Glass

एपल अपना सब ऑपरेटिंग सिस्टम्स में एगो नया “Liquid Glass” डिजाइन पेश कइले बा, जेमे यूजर इंटरफेस के बटन, स्लाइडर्स, टूलबार आ साइडबार जइसन एलिमेंट्स अब ट्रांसलूसेंट ग्लास जइसन चमक के संगे लउकी।

Apple Intelligence के नया फीचर

  • Live Translation अब Messages, FaceTime आ Phone एप में सीधा जुड़ल होई।
  • स्क्रीन पs दिख रहल कंटेंट के आधार पs Visual Intelligence यूजर के चैटजीपीटी से सवाल पूछला भा समान प्रोडक्ट खोजे के सुविधा दी।
  • एआई ईमेल में इनवॉइस जइसन जानकारी के पहचान के ओकर सारांश दी।
  • Genmojis फीचर से इमोजी के मिलाके यूनीक इमोजी बनावल जा सकत बा।
  • Writing Tools आ Image Playground में AI आधारित शॉर्टकट्स मिली।
  • Foundation Models Framework अब डेवेलपर्स खातिर उपलब्ध बा।

Read Also: शाहजहांपुर में भीषण हादसा: हाईवे पs खड़ा ट्रक से टकराइल कार, गोरखपुर के पिता-पुत्र समेत तीन के मौत, तीन घायल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-