नई दिल्ली। महिला क्रिकेट के सबसे चर्चित लीग Women’s Premier League (WPL) के पहिला मेगा नीलामी आज राजधानी दिल्ली में आयोजित हो रहल बा। 2023 में सुरू भइल एह पांच टीम वाला फ्रेंचाइजी लीग के अब तक तीन सीजन पूरा हो चुकल बा, आ 2026 सीजन खातिर टीम नया स्क्वॉड तइयार करे में जुट गइल बिया।
WPL 2026 Auction: केतना खिलाड़ी दउड़ में?
एह मेगा ऑक्शन में कुल 277 खिलाड़ी हिस्सा ले रहल बा लोग। पांच फ्रेंचाइजी टीमन के लगे कुल 73 स्लॉट भरे के मौका होई, जेमे सामिल बा:
- 50 भारतीय खिलाड़ी
- 23 बिदेसी खिलाड़ी
हर टीम में कम से कम 15 आ जादे से जादे 18 खिलाड़ी सामिल कइल जा सकी।
मार्की सेट में ई 8 बड़ खिलाड़ी
नीलामी के सुरुआत मार्की सेट से बा लोग। एमे सामिल बा:
- दीप्ति शर्मा
- रेणुका सिंह
- सोफी डिवाइन
- एमीलिया केर
- सोफी एक्लस्टोन
- एलिसा हीली
- मेग लैनिंग
- लॉरा वोल्वार्ड्ट
एह खिलाड़ियन पs बोली के सबसे जादे संभावना जतावल जा रहल बा।
नीलामी से पहिले बड़ झटका- ऑस्ट्रेलियाई ऑलराउंडर आउट
ऑक्शन सुरू होखे से ठीक पहिले एगो ऑस्ट्रेलियाई ऑलराउंडर आपन नाम वापस ले लेली, जवना से कइयन हो फ्रेंचाइजियन के रणनीति प्रभावित हो सकत बा। (नाम के आधिकारिक पुष्टि के इंतजार)
अबकि बेर नीलामी में नया नियम : RTM कार्ड के इस्तेमाल
WPL 2026 में पहिला बेर RTM (Right To Match) नियम लागू कइल गइल बा।
RTM कार्ड से फायदा
टीम अपना 2025 स्क्वॉड के खिलाड़ियन के वापस किन सकत बाड़ी सs। जवन टीम कम खिलाड़ियन के रिटेन कइले बाड़ी सs, ओकरा जादे RTM कार्ड आ बड़ पर्स मिली।
कुल पर्स केतना बा?
एह मेगा नीलामी खातिर सब टीमन के लगे कुल 41.1 करोड़ रुपिया के पर्स उपलब्ध बा। बाकिर सब टीमन के लगे रिटेंशन के बाद लगभग 6 करोड़ से 11 करोड़ तक के राशि उपलब्ध बा। अइसन में बड़ नामन पs करोड़न के बोली लगला के पूरा संभावना बा।
Read Also: Constitution Day : संसद में राष्ट्रीय संविधान दिवस समारोह, नभाषाओं में संविधान के अनुवाद के लोकार्पण






