World Cup 2023: 10 टीमन के बीच खेलल जाई 48 मुकाबला, ओपनिंग मैच इंग्लैंड- न्यूजीलैंड के बीच, भारत-पाक में कब होइ भिड़ंत, जानि टीम इंडिया के शेड्यूल !

Share

 

ODI WC 2023 : वनडे वर्ल्ड कप 2023 अक्टूबर से नवंबर तक खेलल जाई। अबकी बेर भारत एकर मेजबानी करत बा। बीसीसीआई एह वनडे वर्ल्ड कप के कार्यक्रम के मसौदा बनवले बिया। एह हिसाब से एह टूर्नामेंट के पहिला मैच 5 अक्टूबर के खेलल जाई। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक आईसीसी इ कार्यक्रम ए टूर्नामेंट से जुड़ल सभ देश के भेज देले बिया। सगरी देशन के क्रिकेट बोर्डन के सहमति मिलला के बाद एह कार्यक्रम के औपचारिक रूप से जारी कइल जाई । विश्व कप में दस गो टीम के बीच 48 गो मैच खेलल जाई।

मैच 19 नवम्बर ले खेलल जाई

विश्व कप 5 अक्टूबर से 19 नवंबर ले होखे वाला बा। मौजूदा चैंपियन इंग्लैंड पहिला मैच में न्यूजीलैंड से मुकाबला क सकेला। दुनो टीम आखिरी बेर 2019 में लॉर्ड्स मैदान में फाइनल खेलले रहे। ई मैच अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में होखी। एही आधार पs भारत आ पाकिस्तान के बीच 15 अक्टूबर के भिड़ंत हो सकेला। एह टूर्नामेंट के फाइनल अहमदाबाद में भी होखे के संभावना बा। आस्ट्रेलिया आ न्यूजीलैंड के मुकाबला 29 अक्टूबर के धर्मशाला में होखी। आस्ट्रेलिया आ इंग्लैंड के मैच चार नवम्बर के अहमदाबाद में होखी। न्यूजीलैंड बनाम दक्षिण अफ्रीका के मैच एक नवम्बर के पुणे में होखे वाला बा।

टीम इंडिया के शेड्यूल !

1. भारत बनाम ऑस्ट्रेलिया, 8 अक्टूबर, चेन्नई

2. भारत बनाम अफगानिस्तान, 11 अक्टूबर, दिल्ली

3. भारत बनाम पाकिस्तान, 15 अक्टूबर, अहमदाबाद

4. भारत बनाम बंग्लादेश, 19 अक्टूबर, पुणे

5. भारत बनाम न्यूजीलैंड, 22 अक्टूबर, धर्मशाला

6. भारत बनाम इंग्लैंड, 29 अक्टूबर, लखनऊ

7. भारत बनाम क्वालीफायर, 2 नवंबर, मुंबई

8. भारत बनाम दक्षिण अफ्रीका, 5 नवंबर, कोलकाता

9. भारत बनाम क्वालीफायर, 11 नवंबर, बेंगलुरु

एह विश्वकप में भारत के अलावा आखिरी दू गो जगहा खातिर मुकाबला होखी इंग्लैंड, आस्ट्रेलिया, न्यूजीलैंड, अफगानिस्तान, पाकिस्तान, बांग्लादेश आ दक्षिण अफ्रीका आपन जगहा के पुष्टि क दिहले बा। पिछला दू गो जगहा खातिर जून-जुलाई में जिम्बाब्वे में क्वालीफाइंग टूर्नामेंट के आयोजन कइल जाई। एहमें दू गो चैंपियन रहल वेस्टइंडीज आ श्रीलंका के अलावे नीदरलैंड, आयरलैंड, नेपाल, ओमान, स्कॉटलैंड, संयुक्त अरब अमीरात आ मेजबान जिम्बाब्वे के भाग लेबे के पड़ी।

डायरेक्ट क्वालीफाई करे वाला आठ टीमन के प्वाइंट

1. न्यूजीलैंड 175 प्वाइंट.

2. इंग्लैंड 155 प्वाइंट.

3. इंडिया 139 प्वाइंट.

4. बांग्लादेश 135 प्वाइंट.

5. पाकिस्तान 130 प्वाइंट.

6. ऑस्ट्रेलिया 120 प्वाइंट.

7. अफगानिस्तान 115 प्वाइंट.

8. साउथ अफ्रीका 98 प्वाइंट.

लखनऊ के इकाना स्टेडियम में पहिला बेर मेजबानी 

लखनऊ के एकना स्टेडियम में पहिला बेर विश्व कप के मेजबानी मिलल बा। विश्व कप टूर्नामेंट के पहिला मैच 29 अक्टूबर के एहिजा खेलल जाई। ई मैच भारत आ इंग्लैंड के बीच होखी।विश्व कप खातिर इकाना स्टेडियम में नया पिच तइयार हो रहल बा। कानपुर के बाद लखनऊ उत्तर प्रदेश के दुसरका शहर होखी जहाँ विश्व कप के मैच खेलल जाई। हालांकि मैच के पूरा सूची अबे ले नईखे आईल।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-