[the_ad_group id="30365"]

बृजभूषण के खिलाफ आवाज उठावे वाली साक्षी मलिक के ऐलान- एशियन गेम्स तबे खेलेम जब ई मुद्दा सुलझ जाई 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय कुश्ती संघ प्रमुख आ बीजेपी सांसद बृजभूषण शरण सिंह के खिलाफ आंदोलन कर रहल पहलवानन के मुद्दन के सुलझावे खातिर सरकार से चल रहल बातचीत के बीच पहलवान साक्षी मलिक सनीचर के बड़ ऐलान करत कहली कि जब तक ई ममिला पूरा तरे से नइखे सुलझ जात, ऊ एशियाई खेलन में भाग ना लिहें।

आज सोनीपत में साक्षी मलिक कहली कि केहू नइखे समझ सकत कि पहलवान रोज मानसिक रूप से कवना इस्थिति से गुजर रहल होला लो।

30 साल के पहलवान साक्षी मलिक यौन उत्पीड़न के आरोपन के लेके भारतीय कुश्ती महासंघ (डब्ल्यूएफआई) के निवर्तमान अध्यक्ष बृजभूषण सिंह के इस्तीफा के मांग कर रहल पहलवानन खातिर भविष्य के रणनीति तय करे ला महापंचायत में भाग लेवे आज सोनीपत पहुंचल रहली।

साक्षी कहली, “हमनी के एशियाई खेलन में तबे भाग लेम सs जब एह सब मुद्दन के समाधान हो जाई। रउआ नइखी समझ सकत कि ई मानसिक रूप से केतना थका देवे वाला बा आ हमनी के हर रोज कवना इस्थिति से गुजर रहल बानी सs।”

साक्षी के टिप्पणी अइसन समय में आइल बा जब एशियाड खातिर ट्रायल एही महीना में होखे वाला बा। विरोध में सामिल लोगन सहित सब पहलवानन के ट्रायल में भाग लेवे आ एशियाई खेलन खातिर भारत के टीम में आपन जगह अर्जित करे के आवश्यकता बा, जवन 23 सितंबर से 8 अक्टूबर, 2023 तक हांगझाऊ, चीन में आयोजित कइल जाई।

एकरा पहिले बुध के साक्षी बजरंग पूनिया आ आउर पहलवान के संगे केंद्रीय खेल मंत्री अनुराग ठाकुर से उनका घर पs मुलाकात कइले रहे लो आ कहल लो कि सरकार पुलिस जांच पूरा करे खातिर 15 जून तक के समय मंगले बिया। साक्षी कहले रहली कि सरकार कुश्ती से संबंधित हमनी के अधिकांश प्रस्तावन पs सहमत हो गइल बिया। अब हमनी के एह प्रस्तावन के किसान संघन, महिला संघन, हमनी के वरिष्ठन आ खाप पंचायतन के सोझा रखेम सs। एहिसे, हमनी के 15 जून तक कवनो विरोध ना करेम सs बाकिर डब्ल्यूएफआई प्रमुख के खिलाफ हमनी के ‘आंदोलन’ जारी रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]