World Championships: श्रीहरि नटराज के विश्व तैराकी में निराशाजनक प्रदर्शन, सेमीफाइनल में जगह बनावे से चूकलें

Share

भारत के शीर्ष तैराक श्रीहरि नटराज मवजूदा सत्र में आपन सर्वश्रेष्ठ समय निकलला बावजूद सोमार के जापान के फुकुओका में विश्व चैंपियनशिप में पुरुषन के 100 मीटर बैकस्ट्रोक स्पर्धा के सेमीफाइनल खातिर क्वालिफाई ना कs सकलें। एशियाई खेलन में भाग लेवे वाला तैराक 55.26 सेकंड के समय निकललें आ अपना हीट में अंतिम आ कुल मिलाके 31वां स्थान पs रहलें।

सात हीट में शीर्ष 18 तैराक सेमीफाइनल में पहुंचल लो। बाईस साल के नटराज मार्च में ‘सिंगापुर नेशनल एज ग्रुप’ में 55.60 सेकंड के प्रयास से स्वर्ण पदक के संगे अपना सत्र के सुरुआत कइलें रहस। ऊ एकरा बाद मई में मोनाको के ‘मारे नोस्ट्रम स्विम टूर’ में 55.29 सेकंड के समय लेले रहस।

सौ मीटर बैकस्ट्रोक में नटराज के व्यक्तिगत सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन 53.77 सेकंड के बा, जवना से कर्नाटक के ई तैराक 2021 में टोक्यो ओलंपिक ‘ए’ कट हासिल कइले रहस। ऊ मवजूदा विश्व चैंपियनशिप में 50 मीटर के संगे-संगे 200 मीटर बैकस्ट्रोक स्पर्धा में प्रतिस्पर्धा करिहें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-