[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर शहर में बनी पहिला मिनी स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स: हाईटेक सुविधन से लैस होई स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स, 23 जुलाई के सीएम योगी करिहें शिलान्यास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के जल्दिये स्पोर्ट्स के लेके एगो बड़ सौगात मिले जा रहल बा। स्मार्ट सिटी योजना के तहत इहां पहिला बेवस्थित मिनी स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स बनी। एह मिनी स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स के निर्माण गोरखनाथ मंदिर के लगे भाटी विहार कॉलोनी में होई। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 23 जुलाई के एह स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स के शिलान्यास करिहें।

एह स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स में ओलंपिक के खेलन के प्रैक्टिस आ प्रतियोगिता खातिर हाईटेक सुविधा उपलब्ध होई। एमे टेबल टेनिस, तैराकी, कुश्ती, बॉस्केटबाल, फुटबाल, एथलेटिक्स के सुविधा होई। एकरा अलावे इहां एनसीओई के तलवारबाजी, शूटिंग सहित कइयन खेलन के ट्रेनिंग दिहल जाई।

सीएम योगी देलें हरियर झंडी

गोरखपुर विकास प्राधिकरण (GDA) गोरखनाथ मंदिर के लगे भाटी विहार कालोनी में इस्थित दु एकड़ क्षेत्रफल के भूखण्ड पs मिनी स्पोर्ट्स कॉम्पलेक्स बनावल जाये के लेके निर्णय लेले बा। GDA एकरा के लेके विशेषज्ञ फर्मन से बात कs के प्रस्ताव तइयार कs के शासन में मंजूरी खातिर भेजले रहे। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के हरियर झंड़ी मिलला के बाद अब एकरा शिलान्यास के तइयारी बा।

एह खेलन खातिर मिली हाईटेक सुविधा

एह स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स में सिंथेटिक रनिंग ट्रैक, बॉस्केटबाल कोर्ट, इनडोर बैडमिंटन कोर्ट, लॉन टेनिस कोर्ट, वॉलीबॉल कोर्ट आ टेबिल टेनिस कोर्ट के निर्माण होई। एकरा आलावे खिलाड़ी भाला फेंक, गोला फेंक, लंबी कूद, ऊंची कूद सहित कइयन स्पर्धन के अभ्यास कs सकी लो।

ओहिजा, मल्टीपर्पज हाल के निर्माण होई। जेमे स्क्वेश, जिम, जूड़ो, वेट लिफ्टिंग सरीखा खेलन के सुविधा मिली। स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स में 10 मीटर के शूटिंग रेंज बनावल जाई जहां राइफल आ पिस्टल से खिलाड़ी अपना निशानेबाजी के अभ्यास कs सकी लो।

23 जुलाई के होई शिलान्यास

GDA के VC महेंद्र सिंह तंवर बतवलें, ”शहर के भाटी विहार कॉलोनी में महानगर के पहिला हाईटेक मिनी स्पोर्ट्स कॉम्पलेक्स बनावल जाई। एकरा खातिर सब तइयारी पूरा कs लिहल गइल बा। शासन से स्वीकृतियो मिल चुकल बा। एही महीना के 23 तारीख के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के हाथन एह स्पोर्ट्स कॉम्पलेक्स के शिलान्यास होखल प्रस्तावित बा।”

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]