Womens World Cup 2025 : भारतीय महिला टीम के 47 साल के इंतजार खत्म, फाइनल में दक्षिण अफ्रीका के 52 रन से हराके जीतल आपन पहिला वनडे विश्वकप 

Indian women’s cricket team celebrating historic ICC Women’s World Cup 2025 victory after defeating South Africa by 52 runs in the final at DY Patil Stadium, Navi Mumbai.

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। 47 साल के लमहर इंतजार के बाद अतवार के आखिरकार भारत के बेटी इतिहास लिख दिहल लोग। हरमनप्रीत कौर के कप्तानी में भारतीय महिला क्रिकेट टीम दक्षिण अफ्रीका के 52 रन से हराके आपन पहिला महिला वनडे विश्व कप जीत लेलस। ई जीत खाली खाली एगो टूर्नामेंट जीत ना, बलुक 140 करोड़ भारतियन के उम्मीद, मेहनत आ सपना के पूरा होखे के लम्हा रहल।

भारत के बेटी बनल लोग वर्ल्ड चैंपियन

नवी मुंबई के डीवाई पाटिल स्टेडियम पs जब दक्षिण अफ्रीका के आखिरी विकेट गिरल, तs देस भर में “भारत माता की जय” के गूंज सुनाई दिहल। ई पल भारत के खेल इतिहास में स्वर्ण अक्षर से लिखल जाई।

भारत 1978 में महिला विश्व कप में पहिलका बेर सामिल भइल रहे। 2005 आ 2017 में मिताली राज के कप्तानी में टीम फाइनल तक पहुंचल, बाकिर ट्रॉफी हाथ से फिसल गइल। आखिरकार हरमनप्रीत कौर के नेतृत्त्व में भारत के बेटी इतिहास रच दिहल लोग।

ई भारतीय महिला टीम के पहिला ICC ट्रॉफी हs। 1983 में कपिल देव आ 2011 में धोनी के कप्तानी में भारत पुरुष विश्व कप जीतल रहे, अब हरमनप्रीत कौर के अगुवाई में महिला टीम विश्व विजेता बन गइल बिया।

मैच के झलक

  • भारत पहिले बल्लेबाजी करत 7 विकेट पर 298 रन बनवलस-जवन महिला विश्व कप फाइनल के इतिहास में दूसरका सबसे बड़ स्कोर रहल।
  • जवाब में दक्षिण अफ्रीका के टीम 246 रन पs ढेर हो गइल। कप्तान लौरा वोल्वार्ट (101 रन) के शतक टीम के जीत ना दिला सकल।
  • शेफाली वर्मा आ दीप्ति शर्मा मैच के हीरो रहल लोग। शेफाली 87 रन बनवली आ 2 विकेट लेली, जबकि दीप्ति 58 रन के संगे 5 विकेट चटकवली।

पुरस्कार आ रिकॉर्ड

  • 47 साल बाद भारत के पहिला विश्व कप ट्रॉफी
  • महिला क्रिकेट के नया विश्व चैंपियन भारत
  • चैंपियन टीम के 40 करोड़ रुपिया इनाम
  • उपविजेता दक्षिण अफ्रीका के 19.77 करोड़ रुपिया
  • Player of the Match: शेफाली वर्मा
  • Player of the Series: दीप्ति शर्मा

पीएम मोदी देलें बधाई

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी कहलें– “भारतीय महिला टीम के सानदार प्रदर्शन प्रेरणा के स्रोत बा। टीम के एकजुटता, हिम्मत आ जज्बा देस के गर्व से भर देलस।”

Read Also: 03 नवंबर 2025 के राशिफल

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-