Pankaj Tripathi Mother Death : चर्चित अभिनेता पंकज त्रिपाठी के माई हेमवंती देवी के निधन, परिवार मंगलस प्राइवेसी

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 2, 2025

गोपालगंज। हिंदी सिनेमा के चर्चित अभिनेता पंकज त्रिपाठी के परिवार से दुखद खबर सामने आइल बा। अभिनेता के माई हेमवंती देवी अब एह दुनिया में ना रहली। एह खबर से पूरा परिवार गम में डूब

Share

Bhojpuri actor Pankaj Tripathi’s mother Hemwanti Devi passes away peacefully at 89 in Gopalganj, Bihar

गोपालगंज। हिंदी सिनेमा के चर्चित अभिनेता पंकज त्रिपाठी के परिवार से दुखद खबर सामने आइल बा। अभिनेता के माई हेमवंती देवी अब एह दुनिया में ना रहली। एह खबर से पूरा परिवार गम में डूब गइल बा। सोशल मीडिया पs फैन्स आ सिनेमा जगत से जुड़ल लोग उहां के आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना कर रहल बा।

सुक के दिन हो भइल निधन

पंकज त्रिपाठी के माई के निधन के पुष्टि खुद परिवार के तरफ से जारी आधिकारिक बयान में कइल गइल बा। बयान में कहल गइल-

“हमनी के बहुत दुख के संगे बता रहल बानी सs कि पंकज त्रिपाठी के माई हेमवंती देवी के सुक के दिन बिहार के गोपालगंज जिला इस्थित बेलसंड गांव में उनकर पैतृक घर पs शांतिपूर्वक निधन हो गइल।”
परिवार अब एह गहिराह दुख में बा आ सब लोग से संवेदना जतावे के निवेदन कइले बा।

89 बरिस के रहली हेमवंती देवी

जानकारी के मोताबिक, हेमवंती देवी 89 बरिस के रहली आ कुछ दिन से बीमार चलत रहली। ऊ अपना परिवार के बीचे अंतिम सांस लेली। ओह समय पंकज त्रिपाठी खुद अपना माई के संगे रहली। माई के निधन से अभिनेता के मन टूट गइल बा।

परिवार मंगलस निजता के सम्मान

परिवार के तरफ से कहल गइल-

“हेमवंती देवी के अंतिम संस्कार सनिचर के बेलसंड गांव में परिवार के सदस्य, रिश्‍तेदार आ करीबी लोगन के मवजूदगी में कइल गइल। हमनी के सब केहू से विनम्र निवेदन बा कि एह कठिन समय में परिवार के निजता (प्राइवेसी) के सम्मान कइल जावs आ माई के आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना कइल जावs।”

Read Also: Rohan Bopanna Retirement : भारतीय टेनिस स्टार रोहन बोपन्ना पेशेवर टेनिस से संन्यास लेंले, सोशल मीडिया पs लिखलें भावुक पोस्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.