महिला क्रिकेट: जीत के बावजूद फाइनल से चुकल ट्रेलब्लेजर्स टीम

Share

एस मेघना (73 रन) आ जेमिमा रॉड्रिग्स (66 रन) के अर्धशतकन के बाद गेंदबाजन के उम्दा प्रदर्शन से टेलब्लेजर्स के टीम बियफे के महिला टी-20 चैलेंज में वेलोसिटी के 16 रन से हरा देलस। बाकिर जीत के बावजूद टेलब्लेजर्स के टीम फाइनल में ना पहुंच सकल। वेलोसिटी बढ़िया रन रेट से खिताबी मुकाबला में पहुंच गइल जहां ओकर सामना सुपरनोवाज से 28 मई के होई।

टेलब्लेजर्स मेघना आ जेमिमा के बीचे दूसरा विकेट खातिर 113 रन के साझेदारी से पांच विकेट पs 190 रन बनवलस। बाकिर वेलोसिटी के टीम किरण प्रभु (69 रन) के अर्धशतक के बावजूद नव विकेट पs 174 रन बना सकल। टेलब्लेजर्स कावर से राजेश्वरी गायकवाड़ आ पुनम यादव के 2-2 विकेट मिलल।

पहिले बल्लेबाजी करे उतरल टेलब्लेजर्स कप्तान समृति मंधाना (1 रन) के विकेट जल्दी गवा देलस। ओकरा बाद मेघना अक्रामक बल्लेबाजी कइली। मेघना 47 गेना में 7 चौका आ चार छक्का आ जेमिमा 44 गेना में 7 चौका आ एगो छक्का लगवली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-