[the_ad_group id="30365"]

RCB फाइनल से एगो जीत दूर: एलिमिनेटर मुकाबला में लखनऊ के 14 रन से हरवलस, रजत पाटीदार 54 गेना में बनवले 114 रन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु IPL 2022 के फाइनल में पहुंचे से अब बस एके डेग दूर बा। लखनऊ के खिलाफ खेलल गई एलिमिनेटर मुकाबला के टीम 14 रन से जीत लेलस। कप्तान केएल राहुल के 79 रन के पारी LSG के जीत ना दिला सकल। LSG एह हार के साथे IPL से बाहर हो गइल। मैच के हीरो RCB के जुवा स्टार रजत पाटीदार रहले। ऊ 54 गेना में 114 रन बनवले। बेंगलुरु खातिर हर्षल पटेल शानदार गेना फेंकले आ 4 ओवर में 25 रन देके एगो विकेट अपना नावे कइले।

आरसीबी के जीत पs आईपीएल के ट्वीट


अब RCB दूसररा क्वालिफायर में सुक के राजस्थान रॉयल्स से भिड़ी। ओह मैच के विजेता टीम फाइनल में गुजरात टाइटंस के सोझा होई। गुजरात पहिला क्वालिफायर मुकाबला में राजस्थान रॉयल्स के हरवले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]