दिवाली पर एह बेर चंडीगढ़ में लोग खूब पटाखा फोड़ल। असर ई भइल कि बारूद के कण शहर के आबोहवा के खतरनाक स्तर तक प्रदूषित कs दिहलस। वायु गुणवत्ता सूचकांक (एक्यूआई) 100 से 150 के बीच रहल लेकिन दिवाली के रात हवा में पीएम 2.5 अउर पीएम 10 के कण उच्चतर स्तर 500 प्रति घनमीटर तक घुल गइलें अउर हवा के साथ शरीर में प्रवेश कs गइल।
राष्ट्रीय वायु गुणवत्ता सूचकांक के आंकड़ा के मुताबिक, शहर में दिवाली के रात से ले के अगले दिन सुबह तक हवा में प्रदूषण के स्तर ज्यादा रहल। दिवाली के रात लोग ने जइसही पटाखा जलावल शुरू कइल, हवा प्रदूषित होखे लागल। सेक्टर-22 के वायु गुणवत्ता निगरानी केंद्र के अनुसार, सांझ करीब छह बजे एक्यूआई 112 अउर हवा में पीएम 2.5 महज 53 रहल।
आतिशबाजी के दौरान रात 8 बजे एक्यूआई त स्थिर रहल लेकिन हवा में पीएम 2.5 के मात्रा 273 पर पहुंच गइल। रात 9 बजे 311, रात 10 बजे 358 अउर रात 11 बजे इंडेक्स के उच्चतम अंक 500 के छू गइल। एकरे बाद मंगलवार सुबह चार बजे तक ई 500 पर ही बनल रहे। एकरे बाद धीरे-धीरे कम भइल। पीएम 10 भी रात 11 बजे 500 ले पहुंच गइल।। रात 11 बजे एक्यूआई 112 ही रहल।
पर्यावरण विभाग के निदेशक देबेंद्र दलाई के अनुसार, पिछला बार के मुकाबले एक्यूआई में सुधार भइल बा। हालांकि सामान्य दिन से दिवाली के रात वायु अउर ध्वनि प्रदूषण अधिक रहल। विभाग के इमटेक-39 अउर सेक्टर-12 के वायु गुणवत्ता निगरानी केंद्र पर सबसे ज्यादा प्रदूषण रिकॉर्ड भइल बा।
ध्वनि प्रदूषण भी बढ़ल
सामान्य दिन की तुलना में दिवाली के दिन शोर के स्तर भी बढ़ गइल। सबसे अधिक शोर के स्तर सेक्टर-22 में पावल गइल जौन 76.9 डेसिबल (ए) रहल अउर सबसे कम शोर स्तर सेक्टर-25 में पावल गइल जौन कि शाम 8 बजे से रात 10 बजे के बीच 64.9 डेसिबल (ए) रहल।
23 अक्तूबर (दिवाली से एक रात पहिले)
श्रेणी | रात 10 बजे | 11 बजे | 12 बजे |
एक्यूआई | 127 | 122 | 120 |
पीएम 2.5 | 120 | 107 | 83 |
पीएम 10 | 139 | 119 | 109 |
24 अक्तूबर (दिवाली के रात)
श्रेणी | रात 10 बजे | 11 बजे | 12 बजे |
एक्यूआई | 112 | 112 | 130 |
पीएम 2.5 | 500 | 500 | 500 |
पीएम 10 | 500 | 500 | 500 |
ध्वनि प्रदूषण
एरिया | समय | 2018 | 2019 | 2020 | 2021 | 2019 |
सेक्टर-22 | 8-10 बजे | 87.6 | 79.9 | पटाखा नाइ जरल | पटाखा नाइ जरल | 76.9 |
(स्टैंडर्ड वैल्यू साँझ 6 बजे से 10 बजे ले – 55, रात 10 बजे से सुबह 6 बजे तक- 45
Post Views: 5