का ट्विटर से बड़ सोशल प्लेटफॉर्म हो जाई मेटा के Threads? मार्क जकरबर्ग दिहलन जवाब

Minee Upadhyay

 

 

मेटा के थ्रेड्स ऐप भारत में लॉन्च हो गईल बा। एकरा में 500 कैरेक्टर अवरू 5 मिनट के वीडियो सपोर्ट बा। डिजाइन के मामला में इ ऐप ट्विटर से बहुत मिलत जुलत बा। इ इंस्टाग्राम पs आधारित एगो ऐप ह। कहल जात बा कि एहसे ट्विटर के परेशानी बढ़ सकेला। काहे कि लॉन्च के महज चार घंटा के भीतर 50 लाख साइन अप हो गइल। मेटा के सीईओ मार्क जकरबर्ग एकरा से पहिले पोस्ट कईले रहले कि, “थ्रेड्स पहिला दु घंटा में 20 लाख साइन अप के पार क गईल।”

थ्रेड्स इंस्टाग्राम के एगो एक्सटेंशन ह। एह ऐप पs यूजर टेक्स्ट पोस्ट क सकेलें। साथ ही लिंक, फोटो आ 5 मिनट के वीडियो भी पोस्ट क सकेला।

हालांकि लोग के राय एह बात पs बटल बा कि थ्रेड्स ट्विटर से बेहतर प्रदर्शन करी कि ना। कुछ लोग के कहनाम बा कि इंस्टाग्राम से एकर लिंक, जवना से एकरा के रेडीमेड यूजर बेस मिलेला, फायदेमंद होई। खास क के ओह घरी जब एलन मस्क आ ट्विटर के नयका सीईओ लिंडा याकारिनो एकरा के फेर से जिंदा करे के कोशिश करत बाड़े।

का थ्रेड ट्विटर से बड़ हो सकेला? एह सवाल के जवाब देत जकरबर्ग कहले कि, “एह में कुछ समय लागी, लेकिन हमरा लागता कि एक अरब से जादे लोग के संगे सार्वजनिक बातचीत खातीर एगो ऐप होखे के चाही। ट्विटर के अयीसन करे के मौका मिलल, लेकिन अयीसन ना भईल।” उम्मीद बा कि हमनी के करब जा।”

एकरा से पहिले ऊ लोग थ्रेड्स के बातचीत खातिर एगो खुला आ मैत्रीपूर्ण सार्वजनिक मंच के रूप में पेश कइले रहे। उ कहले कि हमनी के सोच इंस्टाग्राम के बेहतरीन हिस्सा के लेके एगो नाया अनुभव बनावे के बा।

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।