Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Instagram Threads के लॉन्च के संगे 11 साल बाद Twitter पs वापस लवटले Mark Zuckerberg, मीम्स शेयर कs के उड़वलें खिल्ली

1,098

Twitter के कड़ा टक्कर देवे खातिर Instagram आपन Threads प्लेटफॉर्म के लॉन्च कs देले बा। लॉन्च के दु घंटा के भीतरे एकर 20 लाख से बेसी डाउनलोड हो गइल बा। हालांकि सबसे खास बात ई बा कि एकरो से बड़ बात ई बा कि Meta के CEO मार्क जुकरबर्ग 11 साल बाद ट्विटर पs एगो पोस्ट डालके Twitter के मजाक बनवले बाड़े।

मेटा के सीईओ आ फेसबुक के संस्थापक मार्क जुकरबर्ग 11 साल से जादे समय से ट्विटर से दूर रहलें। बाकिर आज सबेरे ऊ माइक्रोब्लॉगिंग साइट पs लवटलें आ एगो मीम डलले। ई मीम लगभग ओहि समय आइल, जब Instagram Threads के लॉन्च कइल गइल रहे।

जुकरबर्ग एगो मीम साझा कइलें, जेमें स्पाइडरमैन के पोशाक पहिनले एगो व्यक्ति ओहि पोशाक के पहिनले दूसरका व्यक्ति के ओर इशारा कर रहल बा। इमेज 1967 के स्पाइडर-मैन कार्टून “डबल आइडेंटिटी” से हs, जेमे एगो खलनायक नायक के रूप धारण करे के प्रयास करेला। बता दीं कि मीम पs कवनो कैप्शन नइखे दिहल गइल।

कब कइले रहस आखिरी पोस्ट

बता दीं कि उनकर आखिरी पोस्ट 18 जनवरी 2012 के रहे, जब ऊ लोगन से अपना कांग्रेस के ई बतावे खातिर कहलें कि ऊ चाहत बाड़ें कि ऊ”इंटरनेट समर्थक” बने। मेटा सीईओ थ्रेड्स के “बातचीत खातिर खुला आ मैत्रीपूर्ण सार्वजनिक स्थान” के रूप में पेस कइलें बाड़ें।

मार्क कहलें कि हमनी के दृष्टिकोण इंस्टाग्राम के सर्वोत्तम हिस्सन के लेहल आ टेक्स्ट, विचारन आ राउर दिमाग में का बा ओह पs चरचा करे खातिर एगो नया अनुभव बनावल बा। हमरा लागत  बा कि दुनिया के एह तरे के मैत्रीपूर्ण समुदाय के आवश्यकता बा, आ हम पहिला दिन से थ्रेड्स ले हिस्सा बने खातिर रउआ सभे के आभारी बानी। बता दीं कि थ्रेड्स अब ऐप स्टोर में उपलब्ध बा।

का ट्विटर से बड़ होई थ्रेड्स

एह सवाल के जवाब देत कि का थ्रेड्स ट्विटर से बड़ हो सकत बा, जुकरबर्ग कहलें कि एमे कुछ समय लागी, बाकिर हमरा लागत बा कि एगो सार्वजनिक वार्तालाप ऐप होखे के चाहीं, जवना पs 1 अरब से बेसी लोग जुड़ सकत बा। ट्विटर के लगे अइसन करे के अवसर बा, बाकिर एकरा के पूरा नइखे कइल गइल। उम्मीद बा हमनी के करेम सs।

एह बात पs राय तेजी से विभाजित बा कि थ्रेड्स ट्विटर से बेहतर करी कि ना। कुछ लोगन के कहनाम बा कि इंस्टाग्राम से एकर लिंक एकरा के एगो तइयार यूजर बेस देला, एसे फायदा होई। खास कs के अइसन समय में जब एलन मस्क आ नया ट्विटर सीईओ लिंडा याकारिनो संघर्षरत बेवसाय के दोबारे जिंदा करे के कोसिस कs रहल बा लो।

वास्तव में, मेटा के ट्विटर के यूजर बेस के टक्कर देवे खातिर अपना इंस्टाग्राम यूजर्स में से एक-चौथाई के थ्रेड्स में सामिल करे के होई।

589100cookie-checkInstagram Threads के लॉन्च के संगे 11 साल बाद Twitter पs वापस लवटले Mark Zuckerberg, मीम्स शेयर कs के उड़वलें खिल्ली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.