WhatsApp: व्हाट्सएप में मैसेज भेजला के बाद काहे ना लउकेला ब्लू टिक, एगो ना एकर बा कइयन गो कारण

WhatsApp - फोटो : Freepik

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। मेटा के लोकप्रिय चैटिंग एप व्हाट्सएप (WhatsApp) लगातार अपना फीचर्स के अपडेट करत रहेला। व्हाट्सएप अपना यूजर्स के प्राइवेसी आ पर्सनलाइजेशन के खास ध्यान रखेला। आज खाली व्यक्तिगत बातचीत खातिर ना बलुक ऑफिस आ प्रोफेशनल कामन खातिर बड़ पैमाना पs एकर इस्तेमाल कइल जा रहल बा। बाकिर का रउआ कबो गौर कइले बानी कि कुछ चैट्स में मैसेज भेजला के बादो ब्लू टिक नजर ना आवेला। कइयन बेर मैसेज के रिप्लाई मिलला के बादो ब्लू टिक दिखाई ना देला। ई सवाल अक्सर यूजर्स के परेसान करेला। आईं, एह समस्या के गहराई से जांच कइल जावs आ जानीं कि ब्लू टिक काहे ना दिखेला आ एकरा पीछे का कारण हो सकत बा।

Whatsapp Chat - फोटो : whatsapp
Whatsapp Chat – फोटो : whatsapp

मैसेज रिसीव होखला पs लउकेला ब्लू टिक

व्हाट्सऐप पर ब्लू टिक ई दरसावेला कि राउर भेजल गइल मैसेज रिसीव करे वाला यूजर पढ़ लेले बा। बाकिर, कइयन बेर अइसन होला कि मैसेज भेजला के बादो ब्लू टिक ना लउकेला। कंपनी रीड रिसिप्ट फीचर के लेके कुछ बात स्पष्ट कइले बिया, जे एह परिस्थितियन के समझे में मदद करेला।

WhatsApp - फोटो : Freepik
WhatsApp – फोटो : Freepik

व्हाट्सऐप ब्लू टिक ना लउकला के कारण

  • अगर रिसीवर के फोन बंद बा भा मैसेज कवनो आउर लिंक्ड डिवाइस तक ना पहुंचेला, तs दूसरका चेकमार्को ना लउकेला। एकर मतलब बा कि मैसेज डिलीवर ना भइल।
  • कवनो ग्रुप चैट में ब्लू टिक तबे नजर आई, जब सब सदस्य ओह मैसेज के पढ़ लेले होखे। अगर ग्रुप के कवनो एगो सदस्य मैसेज नइखे पढ़ले, तs ब्लू टिक ना लउकी।
  • जदि रउआ कवनो मैसेज एडिट कइले बानी, तs ओकर रीड रिसिप्ट रिसेट हो जाला। एकर मतलब बा कि एडिटेड मैसेज के फेर पढ़ल गइला पs ब्लू टिक लउकी।
  • जदि मैसेज के संगे टिक के जगह घड़ी (क्लॉक आइकन) दिखाई दे रहल बा, तs एकर मतलब बा कि राउर मैसेज डिलीवर भा सेंड नइखे भइल। ई समस्या जदि नेटवर्क कनेक्टिविटी इशू के कारण होला।

ब्लू टिक न दिखने की अन्य वजहें

  • जदि रउआ भा रिसीवर रीड रिसिप्ट के फीचर डिसेबल कs रखल बा, तs ब्लू टिक नजर ना आई।
  • जदि रिसीवर रउआ ब्लॉक कइले बानी तs राउर मैसेज ओकरा के ना पहुंची आ ब्लू टिक ना लउकी।
  • रिसीवर राउर मैसेज पढ़लही ना होखे, तबो ब्लू टिक नजर ना आई।
  • जदि रउआ भा रिसीवर कनेक्टिविटी के समस्या के सामना कs रहल बा लो तs मैसेज डिलीवर भा पढ़ल ना जा सकी।
  • कबो-कबो फोन के गलत डेट आ टाइम सेटिंग ब्लू टिक ना लउकला के कारण बन सकत बा।

Read Also: Share Market: हरियर निशान पs खुलल शेयर बाजार; सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स चढ़ल, निफ्टियो में उछाल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-