Delhi Triple Murder Case : ट्रिपल मर्डर के आरोपी तांत्रिक के हs? बचे खातिर लगवले रहे शातिर दिमाग, अब पुलिस जांच में खुलल क्राइम कुंडली

Delhi Triple Murder case in Piragarhi where three people were found dead in a car, police arrested a tantrik accused

Share

नई दिल्ली। राजधानी दिल्ली के पीरागढ़ी इलाका में कार के अंदर मिलल तीन गो लाश के रहस्य भले पुलिस सुलझा लेले बिया, बाकिर एह घटना से हर केहू हैरान बा। पुलिस जांच में सामने आइल बा कि करोड़पति बने के लालच में तीनो लोग एगो कथित तांत्रिक के झांसा में आ गइल आ आपन जान गंवा बइठल। अब सवाल उठ रहल बा कि आखिर ई तांत्रिक कवन बा आ एकर आपराधिक इतिहास का रहल बा?

कार में मिलल तीन लाश

8 फरवरी के दुपहरिया करीब साढ़े तीन बजे पुलिस के सूचना मिलल कि पश्चिम विहार ईस्ट थाना क्षेत्र में पीरागढ़ी फ्लाईओवर लगे एगो कार खड़ा बा, जवना में तीन लोग बेहोश हालत में पड़ल बा। पुलिस तुरंत मवका पs पहुंच के तीनो के अस्पताल ले गइल, जहां डॉक्टर तीनो के मृत घोषित कs दिहल। कार के अंदर से शराब आ कोल्ड ड्रिंक के बोतल, तीन गो गिलास, मोबाइल फोन आ कुछ नकदी बरामद भइल।

सुरुआती जांच में पुलिस के पता चलल कि तीनो के मौत जहर से भइल बा। पुलिस तकनीकी जांच कइलस, कॉल डिटेल निकलवलें आ पूछताछ सुरू कइलस। एह दौरान तीनो मोबाइल में एगो संदिग्ध नंबर मिलल, जवन घटना से ठीक पहिले तीनो के संपर्क में रहल रहे।

के बा तांत्रिक बाबा?

गहन जांच में सामने आइल कि ई नंबर लोनी, गाजियाबाद निवासी कथित तांत्रिक कमरुद्दीन के बा। सीसीटीवी फुटेज आ लोकेशन ट्रेसिंग से साफ हो गइल कि वारदात के समय उहो ओही गाड़ी में मवजूद रहे। पुलिस ओकरा हिरासत में लेके पूछताछ कइलस, जहां पता चलल कि ऊ शातिर आ आदतन अपराधी बा।

लालच के जाल में फंसावत रहे तांत्रिक

आरोपी पs राजस्थान के धौलपुर आ यूपी के फिरोजाबाद में धोखाधड़ी आ हत्या जइसन संगीन ममिला दर्ज बा। ऊ तांत्रिक केंद्र चला के भोला-भाला लोगन के बेमारी ठीक करे आ धनवर्षा के झांसा देके फंसावत रहे। मृतक महिला लक्ष्मी के माध्यम से शिव नरेश से पहचान भइल आ फेर करोड़ो बने के सपना देखा के तीनों के मौत के जाल बुन देलस।

कइसे चढ़ल पुलिस के हत्थे

घटना के दिन आरोपी शराब आ पईसा लेके लोनी बोलवले रहे। रास्ता में जहरीला लड्डू खिया के तीनो के मार देलस आ शातिराना तरीका से सबूत मिटावे के कोसिस कइलस। बाकिर सीसीटीवी फुटेज से भंडाफोड़ हो गइल। अब पुलिस जांच कs रहल बिया कि ई तांत्रिक दिल्ली आ आसपास के राज्यन में आउर कवनो वारदात तs ना कइले बा।

Read Also: India Defence Deal : 114 राफेल आ 6 P-8I विमान किने के मंजूरी, 3.25 लाख करोड़ रुपिया के रक्षा सौदा 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-