RBI New Deputy Governor : के हs RBI के नया डिप्टी गवर्नर, का-का होई जिम्मेदारी?; इहां जानीं सब कुछ

Share

नई दिल्ली। रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया नया डिप्टी गवर्नर के हायरिंग (RBI New Deputy Governor) कइले बा। तीन साल खातिर ई नियुक्ति कइल गइल बा। ऊ एह पद पs बइठल एम. राजेश्वर राव के जगह लेवे जा रहल बाड़ें। राजेश्वर राव कुछ हफ्ता बाद रिटायर हो जइहें। ई जानकारी सोमार के जारी भइल एगो सरकारी नोटिस के माध्यम से मिलल बा।

सबसे पहिले जानल जावs कि आरबीआई केकरा के नया डिप्टी गवर्नर के रूप में नियुक्त कइल गइल बा।

के हs नया डिप्टी गवर्नर?

रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया शिरीश चंद्र मुर्मू के नया डिप्टी गवर्नर के रूप में नियुक्त कइल गइल बा। एकरा पहिले ऊ सेंट्रल बैंक में कार्यकारी निदेशक के रूप में काम करत रहस। उनकर नियुक्ति 9 अक्टूबर से प्रभावित होई, जवन कि तीन साल के होखे वाला बा।

रउआ के बता दीं कि रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया के लगे चार डिप्टी गवर्नर बा लो। एमे अलग-अलग डिपार्टमेंट जइसे मॉनेट्री पॉलिसी, फाइनेंशियल मार्केट रेगुलेशन, बैंक के नियंत्रित आ संचालन कइल सामिल बा। आरबीआई के नया डिप्टी गवर्नर एमे से कवन काम संभारे वाला बाड़ें, एकरा बारे में अभी तक कवनो जानकारी नइखे मिलल।

सेंट्रल वेबसाइट से मिलल जानकारी के अनुसार, आरबीआई के डिप्टी गवर्नर के काम उच्च स्तरीय प्रशासनिक नियामक नीति कामन के संभारे के बा।

Read Also: Gorakhpur News : खुला आसमान में रात-रात भर उड़ रहल बा ड्रोन, लाइट जलतही मच जात बा भगदड़, गांव में डर के माहौल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-