Bihar Election 2025 : हर बूथ पs सशस्त्र बल, सब सीमा सील, साढ़े चार लाख सुरक्षा कर्मी तैनात

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 5, 2025

पटना। Bihar Election 2025के पहिला चरण में 18 जिला के 121 सीट पs होखे वाला मतदान खातिर सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कइल गइल बा। हर बूथ पs सशस्त्र बलन के तैनाती कs दिहल गइल बा।

Share

Security forces deployed across Bihar for first phase of Bihar Election 2025, armed personnel guarding polling booths, borders sealed for safe voting.

पटना। Bihar Election 2025के पहिला चरण में 18 जिला के 121 सीट पs होखे वाला मतदान खातिर सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कइल गइल बा। हर बूथ पs सशस्त्र बलन के तैनाती कs दिहल गइल बा।

चुनाव ड्यूटी खातिर करीब साढ़े चार लाख सुरक्षा कर्मी लगावल गइल बा, जवना में 1500 कंपनी केंद्रीय बल सामिल बा। एकरा अलावे बिहार पुलिस, बिहार विशेष सशस्त्र बल, एसएसबी आ होमगार्ड के जवानन के तैनात कइल गइल बा।

चुनाव के मद्देनजर नेपाल सहित सब सीमा के सील कs दिहल गइल बा। दियारा इलाका में घुड़सवार जवानन के तैनाती कइल गइल बा।

बिहार पुलिस के 60 हजार जवान ड्यूटी पs

केंद्रीय बलन के अलावा बिहार पुलिस के करीब 60 हजार जवान चुनावी ड्यूटी पs बा लाेग। आउर राज्यन से आइल रिजर्व बटालियन के लगभग 2000 जवान, बिहार विशेष सशस्त्र पुलिस के 30 हजार जवान, 20 हजार से जादे होमगार्ड आ 19 हजार से बेसी प्रशिक्षु सिपाही के चुनावी ड्यूटी में लगावल गइल बा।
गांव देहात के इलाका में करीब डेढ़ लाख चौकीदारन के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

वीवीआईपी सुरक्षा के विशेष इंतजाम

चुनाव के दौरान वीवीआईपी लोगन के सुरक्षा खातिर खास बेवस्था कइल गइल बा। हर जिला में वीआईपी सुरक्षा पूल बनावल गइल बा, जवना में एनएसजी से ट्रेनिंग पावल जवानन के सामिल कइल गइल बा।
आपात इस्थिति से निपटे खातिर बिहार पुलिस क्विक रिस्पांस टीम (QRT) बनवले बिया। एह टीम में एटीएस आ एसटीएफ के कमांडो सामिल बा लोग, जे सुरक्षा उल्लंघन भा गंभीर घटना पs तुरंत कार्रवाई करिहें।

बंगाल, यूपी आ झारखंड सीमा पs बढ़ल निगरानी

चुनाव के मद्देनजर पड़ोसी राज्य- पश्चिम बंगाल, उत्तर प्रदेश आ झारखंड- के सीमा पs पुलिस-प्रशासन अलर्ट मोड में बा। असामाजिक तत्व आ अपराधियन के सूची आदान-प्रदान कs के गिरफ्तारी कइल जा रहल बा, चेकिंग प्वाइंट चिह्नित कs के नाकाबंदी कइल गइल बा आ शराब-संपत्ति के अवैध आवाजाही पs सख्त निगरानी राखल जा रहल बा। खास कs के झारखंड सीमा पs वामपंथी गतिविधियन पs नजर रखल जा रहल बा आ हर चेकपोस्ट पs अतिरिक्त सतर्कता बरतल जा रहल बा।

Read Also: Dev Deepawali 2025 : 25 लाख दीया के रोशनी से चमकी काशी, गंगा किनारे होई आतिशबाजी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.