रउओ चला रहल बानी ई स्मार्टफोन? आज से बंद हो जाई WhatsApp, जान लीं कि करे के का बा…

Share

टेक्नोलाॅजी डेस्क: 1 जून से Meta कंपनी के पॉपुलर ऐप WhatsApp कइयन गो स्मार्टफोन्स पs काम कइल बंद कs दी। बता दीं कि पहिले अइसन 25 मई के होखे के रहे बाकिर कुछ दिनन के देरी के बाद ई अब 1 जून 2025 से होई। WhatsApp एह डिवाइसन पs सपोर्ट के पूरा तरे से बंद करे से पहिले यूजर्स के तइयारी करे के समय देले रहे। ई समय सीमा अब 1 जून के पूरा हो जाई। एकरा बाद कुछ iPhones आ Android स्मार्टफोन्स के WhatsApp ऑफिशियल तौर पर सपोर्ट नहीं करेगा। चलिए जान लेते हैं कि ऐसे कौन से डिवाइसेज हैं जिन पर अब WhatsApp काम नहीं करेगा।

एह iPhones पs ना करी काम

WhatsApp चलावे खातिर iPhone यूजर्स के अइसन iPhone चाहीं जवना पs iOS 15.1 भा ओकरा बाद के वर्जन काम कs रहल होखे। अपना iPhone के iOS वर्जन जाने खातिर रउआ सेटिंग्स में जाके जनरल आ फेर अबाउट iPhone में चेक कs सकत बानी। iPhone 5s, iPhone 6 आ iPhone 6 plus कुछ अइसन iPhones बा, जवना पs WhatsApp के शर्तन के अनुसार 1 जून से ई काम कइल बंद कs दी। एह डिवाइसन पs iOS 15.1 के बाद से कवनो सॉफ्टवेयर अपडेट नइखे आइल। जवना वजह से एकनी पs से WhatsApp के सपोर्ट खत्म हो जाई।

एह Android डिवाइसन पs ना चली WhatsApp

WhatsApp आज से ओह एंड्रॉयड डिवाइसन पs काम ना करी जवन कि Android 5.0 भा ओकरा पहिले के वर्जन पs चल रहल बा। रिपोर्ट्स के अनुसार Samsung Galaxy S3, HTC One X आ Sony Xperia Z जइसन कइयन गो डिवाइस बा जवन कि आजो एक्टिव बा बाकिर एकनी के Android 5.0 के बाद के अपडेट नइखे मिलल। अइसन में एकरा जइसन डिवाइसेज के अब WhatsApp के अलविदा करे के होई।

यूजर्स का करे लोग

जदि रउओ अइसन कवनो डिवाइस के चला रहल बानी, जवना पs WhatsApp के सपोर्ट खत्म होखे वाला बा तs एक बार अपना फोन के सेटिंग्स में जाके चेक करे के चाहीं कि का रउआ डिवाइस खातिर कवनो सॉफ्टवेयर अपडेट आइल बा जवन कि रउआ अभी तक इंस्टॉल नइखी कइले। जदि अइसन बा तs अपडेट के तुरंत इंस्टॉल कs लीं। एकरा से हो सकता बा कि रउआ कुछ जादे समय खातिर WhatsApp के इस्तेमाल कइल जारी रख सकीं।
जदि अइसन नइखे, तs तुरंत अपना WhatsApp चैट्स के बैकअप ले लीं। जवना से नया डिवाइस पs रउआ आपन पुरान सब चैट्स के ट्रांसफर कs पाएम।
जदि रउआ डिवाइस पs शिफ्ट नइखीं हो सकत, तs रउआ दोसर मैसेजिंग ऐप्स पs शिफ्ट हो सकत बानी, जइसे कि Telegram आ Signal आदि। एकर यूजर बेसो अच्छा बा आ हो सकत बा कि राउर कॉन्टैक्ट्स रउआ के एह ऐप्लिकेशनन पs एक्टिव मिल जाव लोग।

Read Also:

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-