Motorola Razr 60: मोटोरोला के सबसे सस्ता फोल्डेबल फोन में का बा खास? जानीं कब से खरीद पाएब रउरा

By Anurag Ranjan

Published on: May 30, 2025

मोटोरोला हाल ही में भारत में आपन सबसे सस्ती फ्लिप स्मार्टफोन लॉन्च कईले बिया। एह फोन में कंपनी बहुत अनोखा फीचर देले बिया, जवना में डबल pOLED डिस्प्ले, टाइटेनियम काज आदि शामिल बा।मोटोरोला के इs

Share

मोटोरोला हाल ही में भारत में आपन सबसे सस्ती फ्लिप स्मार्टफोन लॉन्च कईले बिया। एह फोन में कंपनी बहुत अनोखा फीचर देले बिया, जवना में डबल pOLED डिस्प्ले, टाइटेनियम काज आदि शामिल बा।मोटोरोला के इs फोन सिर्फ एगो स्टोरेज वेरिएंट में आवेला – 8GB रैम + 256GB। इs फ्लिप फोन मोटोरोला रेजर 50 के अपग्रेड मॉडल होई जवन कि पछिला साल आईल रहे। आईं एकर खास फीचर आ एकर उपलब्धता के बारे में जानल जाव…

मोटोरोला राजर 60 के भारत में 49,999 रुपया के कीमत पs लॉन्च कईल गईल बा। इs फोन पेनाटोन जिब्राल्टर सी, पेनाटोन स्प्रिंग बड अवरू पेनाटोन लाइटस्ट स्काई रंग में आवेला। अगिला महीना 4 जून के दुपहरिया 12 बजे एकरा के बिक्री खातिर उपलब्ध करावल जाई। इs फोन रिलायंस डिजिटल समेत कई अवरू प्लेटफॉर्म पs भी खरीदल जा सकता। एकरा खरीदला पs यूजर के बैंक छूट, एक्सचेंज ऑफर आदि के लाभ भी मिली।

डिजाइन आ डिस्प्ले

मोटोरोला के इs फ्लिप फोन 6.9 इंच के LTPO pOLED फोल्ड करे लायक डिस्प्ले के संगे आईल बा। फोन के मुख्य डिस्प्ले 120Hz हाई रिफ्रेश रेट फीचर के सपोर्ट करेला। एकरा अलावे इs 3,000 निट तक के पीक ब्राइटनेस अवरू एचडीआर10+ के सपोर्ट करेला। एs फोन में कंपनी 3.6 इंच के pOLED एक्सटर्नल डिस्प्ले देले बिया, जवन कि 90Hz रिफ्रेश रेट अवुरी 1700 निट तक के पीक ब्राइटनेस के सपोर्ट करेला।

कैमरा आ बैटरी

मोटोरोला के इs फोन डबल रियर कैमरा सेटअप के संगे आईल बा। फोन में 50MP के मुख्य ओआईएस कैमरा अवरू 13MP के अल्ट्रा वाइड चाहे मैक्रो कैमरा दिहल जाई। एs फोन में सेल्फी अवरू वीडियो कॉलिंग खातीर 32MP के कैमरा होई। इs फोन 4,500एमएएच के बैटरी के संगे आईल बा। इs 30W यूएसबी टाइप सी तार से फास्ट चार्जिंग अवरू 15W वायरलेस चार्जिंग के सपोर्ट करेला।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.