West Bengal: रातभर धरना देला के बाद पूर्व सांसद रूपा गांगुली गिरफ्तार

Share

पश्चिम बंगाल के कोलकाता में भाजपा सांसद रहल रूपा गांगुली के पुलिस गिरफ्तार कऽ लिहलस। उ बांसद्रोणी थाना के सोझा विरोध करत रहली। काल्ह रात भर थाना के सोझा विरोध जतवली। जानकारी के मुताबिक प्रदर्शन पूरा तरीका से शांतिपूर्ण रहे। रुपा गांगुली रात भर थाना के बहरी बइठल रहली। एही बीच बंगाल पुलिस उनका के हिरासत में ले लिहलस। अब पुलिस उनका के पकड़ के लाल बाजार ले गइल बिया।

खबर में दावा कइल जाता कि रूपा गांगुली काल्ह रात से बांसद्रोणी थाना में विरोध प्रदर्शन करत रहली। रूपा के 3 अक्टूबर के सबेरे गिरफ्तार कइल गइल रहे। भाजपा कार्यकर्ता के मुताबिक पुलिस करीब 10 बजे रुपा के हिरासत में ले लेलस। एकरा बाद उनका के लाल रंग के गाड़ी में लाल बाजार ले जाइल गइल।

असल में बांसद्रोणी में भइल सड़क दुर्घटना से भाजपा के नेता नाराज रहले। उऽ ए मामला के लेके पुलिस के दमन के खिलाफ मोर्चा खोल देले रहली। रूपा गांगुली कहली कि जब तक पुलिस आरोपी के हिरासत में ना ले ली तब तक उऽ थाना के सोझा विरोध करत रहीहें। पुलिसो उनका के मनावे के पूरा कोशिश कइलस, बाकिर उऽ एकरा के माने खातिर तइयार ना रहली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-