[the_ad_group id="30365"]

पटना के सड़कन पs लगल नीतीश कुमार के पोस्टर, सीएम के भारत रत्न देवे के उठल मांग

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के पोस्टर : फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आज यानी शनिचर के जेडीयू पार्टी कार्यालय में राज्य कार्यकारिणी के एगो महत्वपूर्ण बैठक बोलावल गईल बा। एह बइठक के अध्यक्षता मुख्यमंत्री नीतीश कुमार करीहें. राज्य कार्यकारिणी के बैठक से पहिले पटना के सड़क पs सीएम नीतीश कुमार के पोस्टर लगावल गईल बा। पटना के अलग-अलग चौराहा पs इs पोस्टर लगावल गईल बा। पोस्टर में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के एगो बड़ तस्वीर के संगे लिखल बा कि बिहार के प्रख्यात समाजवादी अवुरी विकास पुरुष माननीय मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के भारत रत्न दिहल जाए। इs पोस्टर जेडीयू के प्रदेश महासचिव छोटू सिंह लगवले बाड़े।

जेडीयू नेता के ओर से लगावल पोस्टर में नीतीश कुमार के विकास करे वाला आदमी बतावल गईल बा। एकरा अलावे सीएम के एगो नामी समाजवादी नेता भी बतावल गईल बा। राज्य कार्यकारिणी के बइठक में आवे वाला लोग के स्वागत खातिर जेडीयू जवन पोस्टर लगवले बा ओकरा लगे ई पोस्टर लगावल गइल बा.

 

 

 

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]