ED Raid : पश्चिम बंगाल में कोयला तस्करी केस में ED के बड़ कार्रवाई, कोलकाता-दुर्गापुर सहित 9 ठिकानन पs छापा

ED conducts raids in railway job scam across Bihar, Uttar Pradesh and other states

Share

कोलकाता। पश्चिम बंगाल में कोयला तस्करी ममिला के जांच कs रहल प्रवर्तन निदेशालय (ED) मंगर के सबेरे, माने 3 फरवरी 2026 के एक बेर फेर से बड़ एक्शन लेले बा। केंद्रीय जांच एजेंसी के टीम कोलकाता, दुर्गापुर, आसनसोल, बर्द्धमान सहित कुल नव जगहन पs एक संगे छापेमारी अभियान चला रहल बा।

सूत्रन से मिलल जानकारी के मोताबिक, एह छापेमारी के मुख्य मकसद कोयला तस्करी से कमाइल गइल काला धन के लेन-देन के तरीका के पता लगावल बा। जांच एजेंसी के शक बा कि तस्करी से जुड़ल मोटी रकम हवाला नेटवर्क के माघ्यम से एने-ओने पहुंचावल गइल बा। ED एही वजह से डिजिटल सबूत, मोबाइल, लैपटॉप आ जरूरी कागजात के गहिराई से जांच कs रहल बा, ताकि पूरा फाइनेंशियल ट्रेल सामने आ सके।

दुर्गापुर में बालू कारोबारी के घर पs दबिश

कोलकाता के संगे-संगे दुर्गापुर में ED मंगर के बिहान करीब 6 बजे से सेपको टाउनशिप में एगो बालू कारोबारी के घर पs छापा मरले बा। सिटी सेंटर इलाका के आंबेडकर सरणी में मवजूद एगो संदिग्ध मकान के तलाशी लिहल जा रहल बा। एकरा अलावे पांडवेश्वर आ कांकसा इलाका में NH-19 (नेशनल हाईवे) के लगे इस्थित कइयन गो ठिकानन पs अधिकारी लोग छापेमारी करत बा।

जांच में ई बात सामने आइल बा कि ई कारोबारी अजय आ दामोदर नदी से बालू निकासी के काम से जुड़ल रहल बा। आरोप बा कि वैध टेंडर के आड़ में बड़े पैमाना पs अवैध बालू खनन कइल गइल। एके चालान के बार-बार इस्तेमाल क के बालू ढोवल जात रहे। बीरभूम जिला के चालान दिखा के पश्चिम बर्द्धमान जिला से बालू तस्करी कइल गइल।

एह अवैध कामकाज के माघ्यम से लोग बहुत कम समय में बेहिसाब संपत्ति जोड़ लेले बा। फिलहाल ED के कार्रवाई जारी बा आ कइयन गो अहम दस्तावेज जब्त होखे के खबर सामने आ रहल बा।

Read Also: CBSE Admit Card : सीबीएसई 10वीं-12वीं के परीक्षा खातिर प्रवेश पत्र जारी, संगम पोर्टल से करीं डाउनलोड

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-