Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

WB Panchayat Polls: सब जिलन में केंद्रीय अर्धसैनिक बलन के तैनाती के आदेस; कलकत्ता हाईकोर्ट के बड़ फैसला

843

कलकत्ता हाईकोर्ट पंचायत चुनाव खातिर राज्य के सब जिलन में केंद्रीय अर्धसैनिक बलन के तैनाती खातिर आदेस दिहल गइल बा। कोर्ट कहलस कि 48 घंटा के भीतर राज्य चुनाव आयोग के केंद्रीय बलन खातिर केंद्र से अनुरोध करे के होई। उल्लेख करे जोग बा कि विपक्षी पार्टी सब राज्य पंचायत चुनाव के दौरान केंद्रीय बलन के तैनाती के मांग के लेले कलकत्ता हाईकोर्ट पहुंचल रहली सs। बियफे के कलकत्ता हाईकोर्ट के मुख्य न्यायाधीश टीएस शिवज्ञानम के खंडपीठ उनकर याचिकन पs फैसला सुनवलस।

सुवेंदु अधिकारी पहुंचलें हाईकोर्ट

एह बीच विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष सुवेंदु अधिकारी हाईकोर्ट के फैसला के स्वागत कइलें। ऊ कहलें कि हमनी के इहें चाहत रहनी सs। राज्य के पुलिस के भरोसे निष्पक्ष आ शांतिपूर्ण चुनाव संभव ना रहे। एकरा अलावे अधिकारी राज्य चुनाव आयोग के खिलाफ कलकत्ता हाईकोर्ट में एगो आउर याचिका लगवले बाड़ें। ऊ मांग कइलें बाड़ें कि जवना लोगन के नामांकन करे से रोकल गइल बा, ओकरा दोबारा से मवका मिले।

दक्षिण 24 परगना में हिंसा, एक के मौत

दरअसल, पश्चिम बंगाल में पंचायत चुनाव के नामांकन के बियफे के आखिरी दिन हs। राज्य के अलग-अलग जिलन से हिंसा के खबर आ रहल बा। कहीं मारपीट भइल तs कहीं गोली आ बम चलल। बियफे के पूरा दिन प्रदेश भर में हिंसा जारी रहल। ई हिंसा ने अभी ले दु लोगन के जान ले लेले बा। उत्तर दिनाजपुर आ दक्षिण 24 परगना में हिंसा में दु लोगन के मौत हो गइल बा। 20 से जादे लोग घायल भइल बा, जवना में पुलिसकर्मियो बा लो। ओह लोगन के अस्पतालन में भर्ती करावल गइल बा। कइयन जगह धारा 144 लागू कs दिहल गइल बा, जबकि कइयन जगह इंटरनेट सेवा बंद करे के खबर आ रहल बा।

दिनाजपुर में तीन लोगन के मारल गइल गोली

जानकारी के मोताबिक, आज उत्तरी दिनाजपुर में तीन लोगन के ओह वक्त गोली मार दिहल गइल, जब ऊ नामांकन पत्र दाखिल करे जात रहे लो। बतावल जा रहल बा कि ई सीपीआईएम आ कांग्रेस के कार्यकर्ता रहे लो। एमे से एगो के मौत हो गइल  रहे। दक्षिण 24 परगना जिला में दिनभर गोली आ बम चले के खबर आवत रहल। इहां भांगड़ 2 बीडीओ कार्यालय परिसर बम धमाकन से दहल उठल। एह हमला में एगो आईएसएफ कर्मी के मौत हो गइल। हिंसा में घायल पुलिलकर्मी सहित 20 से बेसी लोगन के अस्पतालों में भर्ती करावल गइल बा। घटना के बाद पुलिस फोर्स के तैनात कs दिहल गइल बा।

एक लाख से जादे उम्मीदवार लोग नामांकन पत्र दाखिल कइल लो

एह बीच जानकारी मिलल बा कि एक लाख से जादे उम्मीदवार नामांकन पत्र दाखिल कइल लो। उल्लेख करे जोग बा कि 8 जुलाई के पंचायत चुनाव खातिर मतदान होखे के बा। 11 जुलाई के मतगणना होई। त्रिस्तरीय चुनाव में करीब 75,000 सीटन पs 5 करोड़ से जादे मतदाता उम्मीदवारन के भाग्य के फैसला करी लो।

साभार: अमर उजाला

567350cookie-checkWB Panchayat Polls: सब जिलन में केंद्रीय अर्धसैनिक बलन के तैनाती के आदेस; कलकत्ता हाईकोर्ट के बड़ फैसला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.