Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नीतीश कैबिनेट में रत्नेश सदा के जगह भइल पक्का, 16 जून के राजभवन में लिहें शपथ 

1,896

PATNA : बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कैबिनेट के विस्तार 16 जून के होखे जा रहल बा। एह कैबिनेट विस्तार में रत्नेश सदा के मंत्री बनावल जा रहल बा। रत्नेश सदा सबेरे 10: 30 बजे मंत्री पद के शपथ लिहें एह दौरान सीएम नीतीश कुमार, डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव समेत महागठबंधन के तमाम नेता मवजूद रही लो। नीतीश कैबिनेट विस्तार में फिलहाल रत्नेश सादा के जगह मिलल बा एकरा अलावे कवनो नेता के एह कैबिनेट विस्तार में जगह नइखे दिहल गइल।

दरअसल, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जनता दल यूनाईटेड के सोनवर्षा विधायक रत्नेश सदा के मंगर के पटना बोलावल गइल। ओकरा बाद अब इनका के मंत्री बनावल जा रहल बा। नीतीश कुमार के तरफ से इनका नाम पs अंतिम मुहर लगा दिहल गइल बा। जदयू कोटे से एससी- एसटी विभाग के प्रभार उनका के दिहल जा सकत बा। फिलहाल बिहार के राज्यपाल प्रदेश से बाहर बाड़ें, अब उनका आगमन के बाद 16 जून के राजभवन में शपथ ग्रहण रखल गइल बा।

मालूम होखे कि, रत्नेश सदा के मंत्री बनावल जाये के लेके मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव के आज बैठक ललन सिंह के संगे भइल रहे। जेमे ई फैसला लिहल गइल। जेडीयू विधायक के एक अणे मार्ग इस्थित सीएम आवास पs बोलावल गइल बा। इहां उनका से बहुते लमहर बातचीत के बाद आज इनकर नाम तय कs लिहल गइल बा। इनका मंत्री बनावल जाये के लेके आगे के रणनीति तय कइल जाई।

बता दीं कि 2020 में सोनवर्षा विधानसभा सुरक्षित सीट के जेडीयू प्रत्याशी के तौर पs रत्नेश सदा चुनाव लड़ले रहस आ कांग्रेस प्रत्याशी तरनी ऋषिदेव के 13 हजार 466 वोट से हराके विधायक बनल रहस। रत्नेश सदा अभी जेडीयू के सचेतक बाड़ें। जेडीयू कोटे से अभी नीतीश मंत्रिमंडल में दु गो दलित मंत्री बा। जेमें एगो नीतीश के करीबी अशोक चौधरी बा जबकि दूसरका सुनील कुमार बाड़ें। जीतन राम मांझी के बेटा संतोष सुमन के इस्तीफा के बाद अब सोनवर्षा विधायक रत्नेश सदा के मंत्री बनावल जा रहल बा। उनका के संतोष सुमन के विभाग के दिहल जा सकत बा। अइसन कs के नीतीश कुमार दलितन के बीच आपन जगह बनावल चाहत बाड़ें।

साभार: फर्स्ट बिहार

565870cookie-checkनीतीश कैबिनेट में रत्नेश सदा के जगह भइल पक्का, 16 जून के राजभवन में लिहें शपथ 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.