Watch: जापान के हिरोशिमा में महात्मा गांधी के मूर्ति के अनावरण कइले पीएम मोदी

Share

 

अनावरण के बाद पीएम मोदी कहले कि जी-7 शिखर सम्मेलन खातीर जापान यात्रा के दौरान उनुका महात्मा गांधी के मूर्ति के अनावरण करे के मौका मिलल। हिरोशिमा में महात्मा गांधी के मूर्ति से अहिंसा के विचार अउरी आगे बढ़ जाई।

हिरोशिमा: जी-7 शिखर सम्मेलन में शामिल होखे खातिर फुमियो किशिदा के नेवता पे जापान पहुंचल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिवार के हिरोशिमा में महात्मा गांधी के मूर्ति के अनावरण कईले। अनावरण के बाद उ महात्मा गांधी के पुष्प श्रद्धांजलि अर्पित कईले।

अनावरण के बाद पत्रकारन से बतियावत पीएम मोदी कहले कि आजुओ ‘हिरोशिमा’ शब्द सुन के दुनिया डेरा जाला।

उ कहले कि, “जी-7 शिखर सम्मेलन खातीर जापान गईला के दौरान हमरा महात्मा गांधी के मूर्ति के अनावरण करे के मौका मिलल। हिरोशिमा में महात्मा गांधी के मूर्ति से अहिंसा के विचार आगे बढ़ी।”

पीएम मोदी कहले कि, “हमरा के गर्व के बात बा कि हम जवन बोधि के पेड़ जापानी पीएम के उपहार में देले रहनी, उ इहाँ हिरोशिमा में लगावल गईल बा, ताकि लोग इहाँ आवे के समय शांति के महत्व के समझ सके। हम महात्मा गांधी के सम्मान करतानी।”

जी-7 के नेता फिलहाल 19-21 मई के हिरोशिमा में होखे वाला जी-7 शिखर सम्मेलन में शामिल होखे खातीर जापान में बाड़े।

ई शिखर सम्मेलन जी-7 के सदस्य देस सभ के नेता लोग खातिर हर साल फ्रांस, अमेरिका, यूनाइटेड किंगडम, जर्मनी, जापान, इटली आ कनाडा (राष्ट्रपति पद के रोटेशन के क्रम में), आ यूरोपीय संघ ( ईयू) के बा)।

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-